[the_ad_group id="30365"]

फरीदाबाद: चिंतन शिविर में CM योगी रखलें UP के कानून-व्यवस्था के मॉडल, बोललें- अपराध पर अपनावल जाई जीरो टॉलरेंस नीति

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

हरियाणा के सूरजकुंड में 27 अउर 28 अक्तूबर के गृह मंत्रालय के ओर से आयोजित चिंतन शिविर में बियफ़े के उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ शामिल भइलें। शिविर के संबोधित करत सीएम योगी उत्तर प्रदेश के ओर से यूपी में कानून व्यवस्था में भइल सुधार के साथ-साथ प्रदेश में पुलिस के कौने तरे मजबूत कइल गइल, ओ पर जानकारी देहलें।
सीएम योगी कहलें कि प्रदेश के कानून व्यवस्था के मजबूत करे खातिर पुलिस बल के भर्ती, प्रशिक्षण अउर आधुनिकीकरण, बुनियादी ढांचा में सुधार अउर चुनौतियन के मद्देनजर गृह मंत्रालय के साथ समन्वय बनाकर कार्य कइल गइल, जेसे उत्तर प्रदेश राज्य में कानून व्यवस्था के स्थिति में निरंतर सुधार भइल।
कानून व्यवस्था के यूपी मॉडल के बारे में विस्तृत जानकारी देत सीएम योगी कहलें कि पुलिस खातिर ढांचागत सुविधा में वृद्धि, पुलिस बल में सुधार अउर उनके अत्याधुनिक तकनीक से जोड़ले पर निम्मन परिणाम मिलल बा। अपराध अउर अपराधियन के प्रति जीरो टॉलरेंस के नीति के बारे में ऊ कहलें कि राज्य में संगठित अपराध समाप्त हो गइल बा, अइसन अपराधी या त जेल में बानें या पुलिस मुठभेड़ में मारल गइल बानें।

माफिया के खिलाफ कार्रवाई के संबंध में सीएम योगी कहलें कि माफिया अउर गैंगस्टर के 44.59 अरब रुपया के अवैध संपत्तियन के या त जब्त कs लिहल गइल बा या ध्वस्त क दिहल गइल बा। ऊ कहलें “सरकार लड़कियों खातिर कॉलेज अउर कमजोर वर्ग के लोग खातिर घर बना रहल बा। गृह मंत्री अमित शाह के अध्यक्षता में शुरू भइल दू दिवसीय चिंतन शिविर में अलग-अलग प्रदेशों के मुख्यमंत्री, गृह मंत्रियों के साथ-साथ उपराज्यपाल अउर केंद्र शासित प्रदेश के प्रशासक भी शामिल भइलें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]