[the_ad_group id="30365"]

Rajasthan: डिवाइडर तुड़ के ट्रक सामने से आवत ट्रक के टक्कर मार दिहलस, दुनु के चालक जिंदा जलले

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

भीलवाड़ा से अजमेर जात एगो ट्रक बेकाबू होके डिवाइडर तूड़ के उल्टा दिशा से आवत ट्रक के टक्कर मार दिहलस। टक्कर एतना भयंकर रहे कि दुनो गाड़ी में आग लाग गईल। नतीजा इ भईल कि दुनो के ड्राइवर जिंदा जर गईले।

मामला भीलवाड़ा-अजमेर राष्ट्रीय राजमार्ग-79 के गुलाबपुरा 27 मिल तिराहे के नजदीक बा। एगो ट्रक डिवाइडर तूड़ के आगे आवत ट्रक में घुस गईल। दुर्घटना में ट्रक के डीजल टंकी फट गईल। तुरंत दुनो ट्रक में आग लाग गईल। इ सब एतना तेजी से भईल कि ड्राइवर के जाए के समय तक ना मिलल। दुर्घटना के मौका पs दुनो ड्राइवर के मउत हो गईल। दुर्घटना के बाद दुनो ओर जाम हो गईल। दमकलकर्मी एक घंटा के प्रयास के बाद आग पs काबू पा लिहलस। पुलिस जाम खोल के ट्रैफिक के सुचारू बना दिहलस।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]