[the_ad_group id="30365"]

वाराणसी में गंगा में डूबके सीवान के जुवक के मौत: बाबा विश्वनाथ के दर्शन-पूजन करे दोस्तन के संगे आइल रहे, मीरघाट के लगे शव बरामद

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

वाराणसी में बियफे रात मीरघाट के लगे गंगा में बिहार के सीवान निवासी जुवक के डूबके मौत हो गइल। हादसा के बाद जुवक के दोस्त लोगन के मदद खातिर बोलावल, पुलिस के सूचना दिहल। जब तक डूबल जुवक के निकालल जाइत। ऊ दम तुड़ देले रहे। NDRF एक घंटा के कवायद के बाद शव के बाहर निकललस आ पुलिस के डेड बॉडी सुपुर्द कइलस।

बियफे के बिहार के सीवान निवासी आशीष सिंह (25) अपना दोस्तन के संगे वाराणसी आइल रहे। सभे मिलके राते में 10 बजे बाबा विश्वनाथ के दर्शन करे के प्रोग्राम बनवलस आ मीरघाट पs पहुंचकर गंगा में नहाये लागल। आशीष के दोस्त गुड्‌डू आ विनीत समेत आउर लोग किनार पs जेटी के लगे नहात रहे लो, जबकि आशीष अंदर के ओर चल गइल। गहराई में पानी जादे होखला के कारण ऊ अंदर जातही डूब गइल।

आशीष के डूबत देखके दोस्त लोग आवाज लगवलस। बचावे के प्रयास कइल, बाकिर ओकरा के बाहर ना निकाल सकल लो। गहराई जादे होखला से आशीष तलहटी में समा गइल। गंगा में जुवक के डूबला के सूचना मिलला पs NDRF इंस्पेक्टर विनीत सिंह दशाश्वमेध घाट के टीम के संगे मवका पs पहुंचलें आ तलाश सुरू कs देलें। NDRF के गोताखोर कुछे देर बाद आशीष के शव बरामद कs लिहल आ ओकरा के बाहर निकाल ले आइल।

आशीष के माई-बाबूजी के हो चुकल बा मौत

आशीष के पड़ोसी गुड्डू बतवलें कि ऊ अपना दोस्तन के संगे वाराणसी में गंगा स्नान आ दर्शन-पूजन खातिर आइल रहे। अविवाहित आशीष के माई-बाबूजी के सालभर पहिलही मौत हो गइल बा। घर में ओकर एगो छोट बहिन बिया जवना के अभी ले हादसा के जानकारी नइखे दिहल गइल। पुलिस दोस्तन के तहरीर के आधार पs शव के पंचनामा भरलस आ पोस्टमॉर्टम खातिर भेज देलस। गुड्‌डू बतवलें कि फोन कs के ओकरा रिश्तेदारन के बता दिहल गइल बा जे सुक के सबेरे ओकरा बहिन के वाराणसी लेके आई लो।

साभार: दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]