[the_ad_group id="30365"]

उत्तराखंड के पिथौरागढ़ में बड़ सड़क हादसा, खाई में गिरल कार, 12 लोग के मउत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

उत्तराखंड के पिथौरागढ़ के मुनस्यारी में एगो भयानक सड़क दुर्घटना सोझा आईल बा। इहाँ मुनस्यारी में होकरा से पहिलेे गाड़ी बेकाबू होके खाई में गिर गईल। एह हादसा में 12 लोग के मउत हो चुकल बा। होकरा मंदिर से ठीक पहिले बोलेरो गाड़ी खाई में गिर गईल। बचाव अभियान खातीर टीम मौका पs पहुंच गईल बिया। गाड़ी करीब 600 मीटर गहरा खाई में गिर गईल।

जानकारी के मुताबिक बागेश्वर के शामा से भक्त होकरा मंदिर के दर्शन करे जात रहले। उनकर गाड़ी बेकाबू होके खाई में गिर गईल। दुर्घटना के बाद मौका पs गांव के लोग के भीड़ जमा हो गईल, जवना के बाद पुलिस के सूचना दिहल गईल। आशंका बा कि अबहियों मरे वालन के गिनिती बढ़ सकेला।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]