[the_ad_group id="30365"]

राजस्थान के बारां में 250 दलित परिवार लोग हिंदू धर्म छोड़लें, देवी-देवता के तस्वीर नदी में बहववलें

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बारां के भूलोन गांव में 250 दलित परिवार हिंदू धर्म त्याग के बौद्ध धर्म अपना लिहलें। दलित परिवार अपने घर से देवी-देवता लोग के प्रतिमा अउर चित्र बैथली नदी में विसर्जित कs देहलें। कहल जा रहल बा कि सवर्ण समाज के मारपीट से आहत हो के दलित लोग धर्म परिवर्तन कs लिहलें ।
मीडिया रिपोर्टस के अनुसार भूलोन गांव में 5 अक्टूबर के राजेंद्र अउर रामहेत ऐरवाल मां दुर्गा के पूजा अउर आरती कइले रहनें। जिला बैरवा महासभा युवा मोर्चा के अध्यक्ष बालमुकंद बैरवा आरोप लगवलें कि एसे आक्रोशित सरपंच प्रतिनिधि राहुल शर्मा अउर लालचंद लोधा दूनों दलित युवकन के साथ मारपीट कइलें।
आरोप बा कि मारपीट के ले के समाज के लोग जिला प्रशासन से ले के राष्ट्रपति तक न्याय के गुहार लगवलें लेकिन आरोपियन के खिलाफ कौनो कार्रवाई नाइ भइल, जेकरे बाद दलित समाज सुक्क के आक्रोश रैली निकललें अउर बैथली नदी पहुंचकर देवी-देवता के प्रतिमा के विसर्जन कs दिहलें।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]