[the_ad_group id="30365"]

यूपी में 1262 जूनियर सहायकन के होई भर्ती, 21 नवंबर से कs सकल जाई ऑनलाइन आवेदन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

उप्र. अधीनस्थ सेवा चयन आयोग के ओर से चिकित्सा अउर स्वास्थ्य विभाग में 1148 अउर उद्योग अउर उद्यम प्रोत्साहन विभाग में 114 पद सहित कुल 1262 पद पर कनिष्ठ सहायक के भर्ती कइल जाई। भर्ती खातिर ऑनलाइन आवेदन 21 नवंबर से 14 दिसंबर तक कइल जा सकी। अभ्यर्थी 21 दिसंबर ले शुल्क समायोजन अउर आवेदन पत्र में संशोधन कर सकी।
आयोग के सचिव बतवलें कि कनिष्ठ सहायक भर्ती परीक्षा खातिर उहों अभ्यर्थी आवेदन कर सकिहें। जिनके र्पीईटी 2021 में आयोग के ओर से स्कोर कार्ड जारी कइल गइल बा। पीईटी-2021 में वास्तविक स्कोर या सामान्य स्कोर में शून्य या उनसे कम नकारात्मक अंक प्राप्त करे वाले अभ्यर्थियन के मुख्य परीक्षा खातिर शार्टलिस्ट नाइ कइल जाई। ऊ बतवलें कि चयन के आधार सिर्फ लिखित परीक्षा ह।
कनिष्ठ सहायक भर्ती में अनारक्षित श्रेणी के 460, अनुसूचित जाति के 242, अनुसूचित जनजाति के 23, अन्य पिछड़ा वर्ग के 309, आर्थिक रुप से कमजोर वर्ग खातिर 114 सहित कुल 1148 पद पर भर्ती होई। एही तरे उद्योग अउर उद्यम प्रोत्साहन विभाग में कनिष्ठ सहायक भर्ती में अनारक्षित वर्ग के 55, एससी के 15, एसटी के 4, ओबीसी के 29 अउर ईडब्ल्यूएस के 11 सहित 114 पद पर भर्ती होई। ऊ बतवलें कि अभ्यर्थी दूनों में से केहू एक विभाग खातिर आवेदन कर सकेने।

ई होई योग्यता

माध्यमिक शिक्षा परिषद के इंटरमीडिएट परीक्षा चाहे एकरे समकक्ष कोई परीक्षा उत्तीर्ण कइले होखें। हिंदी में 25 अउर अंग्रेजी में 30 शब्द प्रति मिनट के न्यूनतम गति से टंकण आवश्यक बा। 65 अंक के लिखित परीक्षा होई। परीक्षा में 130 प्रश्न पूछल जाई। एमें हिंदी ज्ञान अउर लेखन योग्यता के 60, सामान्य बुद्धि परीक्षण के 30 अउर सामान्य जानकारी के 40 प्रश्न होई।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]