[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर: जिला अस्पताल में ब्लड कंपोनेंट सेपरेटर मशीन खराब, खून से अलगे ना हो पा रहल बा प्लेटलेट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर जिला में डेंगू मरीजन के संख्या बढ़त जा रहल बा। एह मरीजन के प्लेटलेट्स के जरूरत सबसे अधिक बा। लेकिन, जिला अस्पताल में खून से प्लेटलेट्स के अलग करे वाली ब्लड कंपोनेंट सेपरेटर मशीन खराब हो गइल बा। एसे डेंगू मरीजन के तीमारदार को प्लेटलेट्स खातिर काफी परेशान होखे के पड़ रहल बा।
जानकारी के मुताबिक, जिला में संक्रामक बीमारियन के प्रकोप बढ़त जा रहल बा। एहमें डेंगू से लेकर मलेरिया, डायरिया सहित अन्य बीमरी शामिल बा। एकरे वजह से जिला अस्पताल से ले के बीआरडी मेडिकल कॉलेज के ओपीडी में बेड भी फुल हो गइल बा। एह सबके बीच जिला अस्पताल में ब्लड कंपोनेंट सेपरेटर मशीन खराब हो गइले से मरीजन के परेशानी बढ़ गईल बा।
मशीन के खराब होखले के कारण डोनर होखले के बावजूद उनके प्लेटलेट्स नाइ मिल पा रहल बा काहेसेकि डोनर के खून से एह मशीन से ही प्लेटलेट्स अलग कर मरीज के चढ़ावल जाला। मशीन के खराब होखले से अइसन मरीज जिनके प्लेटलेट्स के जरूरत बा, उनके बीआरडी मेडिकल कॉलेज रेफर कइल जा रहल बा। एसे बीआरडी में भी मरीजन के दबाव बढ़त जा रहल बा।

अस्पताल प्रशासन के कहनाम बा कि एह बेर राहत ई बा कि कम मरीजन के प्लेटलेट्स के जरूरत पड़ रहल बा। दवाई से मरीज ठीक हो जा रहल बानें। तीन से चार प्रतिशत मरीजन के प्लेटलेट्स के जरूरत पड़ल बा जेके बीआरडी से मंगावल गइल बा। जबकि, तीन से चार मरीजन के बीआरडी रेफर कइल गइल बा। जिला अस्पताल के एसआईसी डॉ. राजेंद्र ठाकुर बतवलें कि मशीन खराब होखले के जानकारी बा। एके बनवावे खातिर इंजीनियर के बुलावल गइल बा। जल्द ही मशीन ठीक करा दिहल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]