[the_ad_group id="30365"]

कुशीनगर एयरपोर्ट के भितरी आ बहरी भरल बारिश के पानी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

तीन दिन से हो रहल मूसलाधार बारिश के चलते एक तरफ जीवन अस्त व्यस्त हो गइल बा त दूसरे ओर कुशीनगर अंतरराष्ट्रीय एयरपोर्ट पर कुछ जगह के छोड़ के बाकी हिस्सा पानी में डूब गइल बा। एयरपोर्ट अथॉरिटी एकरे खातिर कार्यदायी संस्था पीडब्ल्यूडी के जिम्मेदार ठहरा रहल बा।

टर्मिनल बिल्डिंग के बाहर सड़क, पार्किंग, पंप हाउस, अपरन से एटीसी जाए वाले मार्ग सहित रनवे के चारों तरफ पानी भरल बा। रनवे के पश्चिमी हिस्सा पs पानी चढ़ गइल बा। पीडब्ल्यूडी के अधिकारी पोकलेन मशीन के मदद से सड़क तुड़वा के जलनिकासी करावे में जुटल बानें।

अंतरराष्ट्रीय एयरपोर्ट के उद्घाटन 20 अक्टूबर के प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी कइले रहनें। एयरपोर्ट के चहारदीवारी ले प्रदेश सरकार फोरलेन सड़क अउरी दूनों ओर आरसीसी नाला के निर्माण करा दिहल गइल रहे। चहारदीवारी के अंदर से ले के टर्मिनल बिल्डिंग ले 2.350 किमी. फोरलेन सड़क अउरी दूनों तरफ नाला के निर्माण एयरपोर्ट अथॉरिटी के जिम्मे रहल। एयरपोर्ट अथॉरिटी पीडब्ल्यूडी से आगणन तैयार करवलस। ओकरे बाद तत्कालीन एयरपोर्ट डायरेक्टर एके द्विवेदी डीएम एस. राजलिंगम के समक्ष तत्कालीन पीडब्ल्यूडी एक्सईएन हेमराज सिंह के 33 करोड़ रुपया के डिमांड ड्राफ्ट सउपले रहनें।
विभाग टेंडर प्रक्रिया पूरा करत निर्माण कार्य आरंभ करा दिहलें, लेकिन एकमुश्त रकम देहलें के बावजूद काम में तेजी नाइ आइल। काम में तेजी लावे खातिर एयरपोर्ट अथॉरिटी के अधिकारी लोग कई बेर पीडब्ल्यूडी के संबंधित अधिकारियन से कहलें। फिर भी लापरवाही भइल।

पांच दिन से उड़ान रोकल गइल

एयरपोर्ट से उड़ान पांच दिन से रोका गइल बा। शनिचर के फ्लाइट आए वाला रहल लेकिन उहो अगिले पांच दिन खातिर स्थगित क देहल गइल। एसे एयरपोर्ट अथॉरिटी अउरी कार्यदायी संस्था पीडब्ल्यूडी के अधिकारियन के बेचैनी बढ़ गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]