[the_ad_group id="30365"]

आशा कार्यकर्ता लोग के धरना पांचवें दिन भइल ख़तम

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पडरौना में पांच माह के बकाया मानदेय भुगतान समेत अन्य मांग के समर्थन में चलत आशा कार्यकर्ता के धरना शुक्क के पांचवें दिन ख़तम हो गइल। एसे पहिले नाराज कार्यकर्ता लोग विशुनपुरा सीएचसी गेट पर ताला लगा दिहले रहे। एसे इलाज करावे आइल लोग के लौटे के पड़ल।
सीएमओ डॉ. सुरेश पटारिया आशा अउरी संगिनी कार्यकर्ता लोग के समझा बुझा के शांत करवलें अउर दू दिन के भीतर के समस्या के निस्तारण के आश्वासन दे के धरना ख़तम कइलें। आशा कार्यकर्ता लोग के आरोप रहल कि उनके पांच महीना से मानदेय नाइ दिहल जा रहल बा।

एह दौरान जिलाध्यक्ष रेनू देवी, ब्लॉक अध्यक्ष शीला पाल, पूनम मिश्रा, रेनू राय, सीमा देवी, संध्या देवी, नाजमा खातून, शबनम आदि मौजूद रहली।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]