[the_ad_group id="30365"]

माई पसंद के खाना नाइ बनवली त 16 साल के लइकी क लिहलस आत्महत्या

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

देहरादून में दिल दहला देवे वाला मामला सोझे आइल बा। इहां एगो 16 साल के लइकी मामूली बात पर आत्महत्या कर लेहली। उत्तराखंड के देहरादून जिला में एगो 16 बरिस के लइकी अपने पसन के खाना नाइ बनवले पर अपने माई के संगे बहस कइलस अउरी एकरे बाद कथित तौर पर अपने घर में छत से लटक के आत्महत्या कर लीहलीं। पुलिस के अनुसार बच्ची के पहचान देहरादून के रायपुर के दादा लाखोंड निवासी के रूप में भइल बा।

पुलिस बतवलस कि परिवार के सदस्य अउरी पड़ोसी लोग जानकारी दीहल कि लड़की रात के खाना खातिर अपनी माई के पकावल पकवान पर खिसियाइल रहली अउर खाना खाए से भी मना क दिहले रहली। एकरे बाद नाराज हो के अपने कमरा में चल गइली अउर दरवाजा बंद कs लिहले रहली। पहिले त परिवार के लोग गंभीरता से नाइ लेहल, लेकिन जब बच्ची कई घण्टा ले कमरा से बाहर नाइ निकलली त परिजन लोग के चिंता भइल अउर कमरा देखे खातिर गइल।

अस्पताल पहुंचली त डॉक्टर घोषित कइलें मृत

सब-इंस्पेक्टर भावना कन्नौर बतवली कि परिवार के सदस्य जब बच्ची के कमरा के दरवाजा खटखटावल अउर ओके दरवाजा खोले खातिर कहल लेकिन उ कौनो जवाब नाइ दिहली। फेर उ दरवाजा तूड़ली अउरी ओके छत से लटकल पवली। परिजन उनके फौरन अस्पताल ले गइलें, लेकिन डॉक्टरों लोग उनके मृत घोषित कs दिहल। फिलहाल एह मामला में जांच कइल जा रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]