बरखा के वजह से गिरल तापमान, दिल्ली-NCR में बढ़ल जाड़ा

Minee Upadhyay
दिल्ली-एनसीआर के कुछ हिस्सा में बरखा
- Sponsored Ads-

अतवार के साँझ दिल्ली-एनसीआर के कुछ हिस्सा में बरखा भइल.  ओकरा बाद से दिल्ली-एनसीआर के तापमान में काफी गिरावट आईल बा। दिल्ली में जाड़ा बढ़ गईल बा।  सोमार के सबेरे दिल्ली के न्यूनतम तापमान 7 डिग्री सेल्सियस आ अधिकतम तापमान 20 डिग्री सेल्सियस होखे के अनेसा बा।

पच्छिम के गड़बड़ी के चलते एs जगहा पs बरखा होई

- Sponsored Ads-

मौसम विभाग के कहल बा कि पश्चिमी गड़बड़ी के चलते दिल्ली-एनसीआर में बरखा भइल बा.अउरी बरखा के भी अनेसा बा।  एगो पच्छिमी विक्षोभ लगभग 70°E आ अक्षांश 30°N के उत्तर में स्थित बाटे आ उत्तरी राजस्थान आ एकरे बगल के इलाका सभ पs चक्रवाती परिसंचरण होला। मौसम विभाग के कहल बा कि एs सिस्टम के प्रभाव में दिल्ली-एनसीआर समेत उत्तर प्रदेश, हरियाणा अवुरी पंजाब के बहुत इलाका में हल्का बरखा के संभावना बा।

अब सबेरे-रात में कोहरा हो सकेला
मौसम विभाग के मुताबिक सोमार के भी दिल्ली-एनसीआर में गरज के संगे हल्का बरखा के संभावना बा।  मौसम विभाग के कहल बा कि अब अगिला एक दू दिन में दिल्ली-एनसीआर समेत कई राज्यन में सबेरे आ रात में घना कोहरा हो सकेला.

अतवार के दिने दिल्ली में दुसरका सबले कम तापमान दर्ज भइल

ओने दिल्ली में अतवार के दिने जाड़ा के मौसम के दुसरका सबले कम तापमान 23.7 डिग्री सेल्सियस दर्ज कइल गइल.  मौसम विभाग के मुताबिक अधिकतम तापमान 23. 7 डिग्री सेल्सियस दर्ज भईल जवन कि सामान्य से एक डिग्री नीचे बा। शनिचर के दिने तापमान 25.4 डिग्री सेल्सियस रहल.  अबतक ले एह सीजन के सभसे कम अधिकतम तापमान 18 नवंबर के दर्ज भइल जब ई 23.5 डिग्री सेल्सियस ले गिर गइल। 

इहो पढ़ीं: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ गणेश जी के उs मंदिर जवन रामायण काल ​​आ द्वापर युग में भी रहे मौजूद ‘रणथंभौर गणेश मंदिर’

- Sponsored Ads-

Share This Article
Content Creator
Follow:
भोजपुरी पत्रकारिता में 2 साल से काम कइला के अनुभव। भोजपुरी में समाचार लिखे के गहिराह जानकारी के संगे फिलिम, मनोरंजन, स्पेशल स्टोरी आदि सेगमेंट्स के खबरन के पढ़े खातिर हमरा संगे बनल रही खबर भोजपुरी पs।