[the_ad_group id="30365"]

अभिन जारी रही बारिश के दौर, पूर्वी उत्तर प्रदेश में भारी बारिश के चेतावनी जारी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बादल-बदली के बीच कहीं तेज त कहीं धीमा पानी बरसले के आसार 31 अगस्त ले जता रहल बा मौसम विभाग। उनवें पूर्वी उत्तर प्रदेश के कई इलाका में भारी बारिश के चेतावनी भी जारी कइल गइल बा। मौसम बुलेटिन के सोमवार के प्रदेश के कई स्थान पर बादल-बिजली अउरी बरसात के दौर जारी रही।

28 अगस्त के एह शहरन के लगभग सब इलाका में बारिश होई। एहमें सहारनपुर, बिजनौर, मुजफ्फरनगर, मुरादाबाद, ज्योतिबा फुलेनगर, रामपुर, बरेली, पीलीभीत, लखीमपुर खीरी, बहराइच, श्रावस्ती, बाराबंकी, गोंडा, अयोध्या, बलरामपुर, श्रावस्ती, सिद्धार्थनगर, बस्ती, अंबेडकरनगर, संत कबीरनगर, गोरखपुर, महाराजगंज, कुशीनगर, देवरिया। वहीं बागपत, मेरठ, भीमनगर, बंदायूं, फुर्रुखाबाद, कन्नौज, हरदोई, उन्नाव, सीतापुर, लखनऊ, रायबरेली, अमेठी, रामपुर नगर,सुल्तानपुर, आजमगढ़, मऊ, बलिया अउरी गाजीपुर में कई जगह पर पानी बरसी। एकरे अलावा प्रदेश के दूसर शहरन में छिटपुट-छिटपुट बरसात होत रही।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]