[the_ad_group id="30365"]

भारत से मंजूरी लेके नेपाल में टेक-ऑफ करsला हवाई जहाज

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नेपाली विमान अतवार साँझ के भारतीय सीमा में प्रवेश कs गइल। नेपाल एयरपोर्ट से संपर्क कइलें के बाद पता चलल कि ई नेपाल के घरेलू विमान ह, जौन अपने इहां टेक ऑफ करे खातिर भारत से अनुमति मांगsला।

बुद्धा एयरलाइंस भैरहवा स्टेशन इंचार्ज दर्शन धीमरे बतवलें कि जब कभी उत्तर दिशा में मौसम खराब होला, त प्लेन के लैंडिंग खातिर दक्षिण से आवे के होला। विमान के सुरक्षित घुमाव खातिर करीब चार किलोमीटर के दायरा चाहीं

दक्षिण दिशा में महज तीन किलोमीटर दूरी पर ही भारत के सीमा पड़sला, एहलिए भारत के सूचित क के सीमा पs प्रवेश कइल जाला। प्लेन के पायलट गोरखपुर, वाराणसी एयरपोर्ट के एयर ट्रैफिक कंट्रोल से परमीशन ले के भारतीय एरिया में उड़ान करsला।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]