[the_ad_group id="30365"]

बनारस में लाल निशान से 50 सेंटीमीटर ऊपर बह रहल बाड़ी गंगा,15 हजार से बेसी के आबादी प्रभावित

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मध्य प्रदेश अउर राजस्थान के नदियन में उफान से बनारस सगरी ओर से बाढ़ से घेरा गइल बा। गंगा के रौद्र रूप के कारण वरुणा में पलट प्रवाह से आम जनजीवन एकदम से अस्त व्यस्त हो गइल बा। शनिचर के गंगा खतरा के निशान से 50 सेंटीमीटर ऊपर बह रहल बाड़ी। हालांकि बढ़ाव के रफ्तार दिन भर कम होखला के बाद रात में बढ़ गईल और दू सेंटीमीटर प्रतिघंटा के रफ्तार से जलस्तर बढ़े लागल।

वाराणसी में बाढ़ के कइसन बा स्थिति

  • रविवार सुबह सात बजे ले गंगा के जलस्तर 71.76 पहुंचल
  • अब्बो 1 सेंमी के रफ्तार से बढ़ रहल गंगा के जलस्तर।
  • शहरी आबादी अउरी बस्तियन ले फइलल पानी।
  • लाल निशान से 50 सेंटीमीटर ऊपर बह रहल बाड़ी गंगा।
  • गंगा के रौद्र रूप से वरुणा में पलट प्रवाह।
  • 71.66 मीटर पहुंचल जलस्तर
  • शनिचर के 02 सेंटीमीटर प्रतिघंटा के रफ्तार से बढ़त रहली गंगा।
  • 15 हजार से अधिक के आबादी बाढ़ से प्रभावित।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]