[the_ad_group id="30365"]

Special Trains: त्योहार पs पूर्वांचल आवे-जाये वालन खातिर स्पेशल ट्रेन, देखीं सूची

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

त्योहारन खातिर पूर्वांचल जाये वाला सब नियमित ट्रेन ठसाठस भरल बा। अइसन में यात्रियन के राह आसान करे खातिर रेलवे स्पेशल ट्रेन चला रहल बिया। एह ट्रेनन के ओइसन जगह ठहराव प्रदान कइल जा रहल बा, जहां से आवे-जाये वालन के सबसे जादे संख्या बा। दिल्ली से आजमगढ़, मुजफ्फरपुर, जयनगर, जोगबनी सहित आउर स्थानन खातिर चले वाली पूजा स्पेशल ट्रेनन के खासतौर पs लखनऊ, शाहजहांपुर, हरदोई, मुरादाबाद, बरेली, सीतापुर सहित आउर स्टेशनन पs ठहराव दिहल गइल बा। रेलवे के एह मुहिम से यात्रियन के सहूलियत मिली।

त्योहारन के मौसम में रेल यात्रियन के सुविधा खातिर उत्तर रेलवे पूजा स्पेशल ट्रेनन के कइयन जरूरी स्टेशनन पs ठहराव प्रदान करी। ट्रेन संख्या 04038/04037 दिल्ली जंक्शन-आजमगढ़-दिल्ली जंक्शन स्पेशल 27 अक्तूबर के चली। एह ट्रेन के ठहराव बरेली, हरदोई आ लखनऊ स्टेशन पs दिहल गइल बा। एही तरे ट्रेन संख्या 04058/04057 आनंद विहार-मुजफ्फरपुर-आनंद विहार स्पेशल 24 अक्तूबर के चली। ई ट्रेन रास्ता में चंदौसी, हरदोई आ लखनऊ स्टेशन पs ठहरी। ट्रेन संख्या 05284/05283 आनंद विहार-मुजफ्फरपुर-आनंद विहार स्पेशल छव अक्तूबर के चली। ई ट्रेन मुरादाबाद, शाहजहानापुर, हरदोई आ लखनऊ स्टेशन पs ठहरी।

ओहिजा, ट्रेन संख्या 04060/04059 आनंद विहार-जयनगर-आनंद विहार स्पेशल 25 अक्तूबर के चली। वापसी दिशा में 26 अक्तूबर के चली। रास्ता में ई ट्रेन बरेली, शाहजहांपुर आ लखनऊ स्टेशन पs ठहरी। एकरा अलावे ट्रेन संख्या 04010/04009 आनंद विहार-जोगबनी-आनंद विहार स्पेशल 29 अक्तूबर के चली। वापसी दिशा में ई ट्रेन 31 अक्तूबर के चली। ई ट्रेन बरास्ता बरेली कैंट, शाहजहांपुर आ सीतापुर चली। रेल यात्रियन के सुविधा खातिर उत्तर रेलवे ई पहल कइले बिया।

रेलवे एगो आउर पूजा स्पेशल ट्रेन (09067) उधना जंक्शन-बरौनी जंक्शन के बीच चलावे के निर्णय लेले बा। ई ट्रेन 10 अक्तूबर से 28 नवंबर तक प्रत्येक बियफे के चली। वापसी दिशा में ट्रेन संख्या 09068 बरौनी जंक्शन-उधना जंक्शन के बीच 11 अक्तूबर से 29 नवंबर तक हर सुक के चली।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]