[the_ad_group id="30365"]

अहमद निजाम नाहीं देवी अहिल्या के नाम से जानल जाई महाराष्ट्र के इs शहर, शिंदे सरकार आधिकारिक रूप से बदलले नाव

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

महाराष्ट्र के अहमदनगर जिला अब देवी अहिल्या के नाम से जानल जाई। अब एह जिला के नाम आधिकारिक तौर पs बदल के अहिल्यानगर कs दिहल गइल बा. एकनाथ शिंदे के नेतृत्व वाली महाराष्ट्र सरकार भी एs संबंध में अधिसूचना जारी कईले बिया।  केंद्रीय गृह मंत्रालय एकरा के शुक के मंजूरी दे देले रहे। पत्रकारन से बातचीत में राज्य के राजस्व मंत्री राधाकृष्ण विखे पाटिल कहले कि अहमदनगर के नाम बदले के फैसला एs साल मार्च में राज्य के मंत्रिमंडल कईले रहे अवुरी केंद्र से मंजूरी लिहल गईल रहे।

जिला के नया नाम देवी अहिल्या के नाम पs रखल गइल बा। पाटिल कहले कि 18वीं सदी में इंदौर (मध्य प्रदेश) के शासक अहिल्याबाई होलकर एही जिला के रहली। एकरा से पहिले मुख्यमंत्री एकनाथ शिंदे सरकार औरंगाबाद अवुरी उस्मानाबाद के नाम बदल के क्रमशः छत्रपति संभाजीनगर अवुरी धाराशिव कs देले रहे।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]