[the_ad_group id="30365"]

रेलवे जारी कइलस एनटीपीसी परीक्षा के परिणाम, अइसे क सकल जाला चेक

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

रेलवे भर्ती बोर्ड (RRB) 10 नवंबर 2022 के आरआरबी एनटीपीसी कौशल परीक्षा के परिणाम घोषित कइले बानें जौन उम्मीदवार परीक्षा में शामिल भइल रहनें। ऊ आरआरबी अजमेर के आधिकारिक वेबसाइट  rrbajmer.gov.in पर अपना संबंधित परिणाम देख सकsतने। परिणाम सब क्षेत्रीय आरआरबी वेबसाइट पर भी प्रकाशित कइल गइल बा। बता देईं कि बोर्ड 27 अगस्त, 2022 के कंप्यूटर आधारित मोड में कौशल परीक्षा आयोजित कइले रहे। हालांकि पहिले परीक्षा 12 अगस्त 2022 के आयोजित कइल जाए के बा, जेके टाल दिहल गइल बा।

आरआरबी एनटीपीसी परिणाम 2022

  •  सबसे पहिले आरआरबी के क्षेत्रीय वेबसाइट पर लॉग इन करीं।
  • परीक्षा परिणाम देखे संबंधित लिंक पर क्लिक करीं।
  • आप एगो नया लॉग-इन पेज पs पहुंच जाएब।
  • अपने वैध लॉग-इन क्रेडेंशियल दर्ज करीं अउर ‘सबमिट’ बटन दबाईं।
  • आपके परिणाम अब स्क्रीन पर दिखाई देई।
  • परिणाम विवरण जांचीं अउर एके डाउनलोड करीं।
  • एकर एगो हार्ड कॉपी अपने पास रख लेईं।

रीक्षा से जुडल जानकारी

एह भर्ती अभियान के उद्देश्य लेखा लिपिक सह टाइपिस्ट, कनिष्ठ लिपिक सह टाइपिस्ट, कनिष्ठ समय रक्षक, रेल लिपिक, यातायात सहायक, माल रक्षक, कनिष्ठ लेखाकार सहायक सह टाइपिस्ट, वरिष्ठ समय रक्षक अउर अन्य के 10,000 से ज्यादा पद के भरे के बा। भर्ती अभियान खातिर आवेदन प्रक्रिया 28 फरवरी 2019 से शुरू भइल अउर 31 मार्च, 2019 के बंद कs देहल गइल रहल।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]