[the_ad_group id="30365"]

Bhagalpur MDM: भागलपुर में मिड-डे-मील से सईयन लईका बेमार, छिपकली मिलला के बादो जबरदस्ती खिलावल गइल खाना

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भागलपुर: जिला के नवगछिया प्रखंड के महदतपुर गांव में बियफे के स्कूल में मिड डे मील खइला के बाद 100 से बेसी लईकन के तबीयत बिगड़ गइल। स्कूल में लईका दुपहरिया में खाना खइले रहल स, जवना के बाद स्कूल में तबीयत बिगड़े लागल। सांझ ले नवगछिया अनुमंडल अस्पताल में इलाज खातिर भीड़ लाग गइल बा।

पूरा ममिला नवगछिया के महदतपुर मध्य विद्यालय के ह। घटना के बाद स्कूल में अफरातफरी मच गइल। जानकारी मिलला के बाद परिजन लोग स्कूल पहुंचल। विद्यालय प्रशासन के लापरवाही साफ नजर आ रहल बा काहेकि भोजन में छिपकिली मिलला के बादो लईकन के खाना जबरदस्ती खिया दिहल गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]