[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर: आईएमए चुनाव में निर्विरोध निर्वाचन खातिर सीनियर डॉक्टरन के परिक्रमा शुरू, 27 नवंबर के होखे वाला बा मतदान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

इंडियन मेडिकल एसोसिएशन (आईएमए) के चुनाव के तिथि घोषित होइतहीं प्रत्याशी लोग प्रचार-प्रसार तेज कs दिहले बा। प्रत्याशियन के पहिला प्रयास ह कि उ निर्विरोध चुन लिहल जाएं। एकरे खातिर वरिष्ठ डॉक्टरन के संपर्क में प्रत्याशी लोग गणेश परिक्रमा भी शुरू कs देहले बा। 27 नवंबर के होखे वाले चुनाव में पहिला बेर एक साथ वर्तमान अध्यक्ष अउर भावी अध्यक्ष चुनल जाइहें। एकरे अलावा चार नयका पद पर भी पहिला बेर चुनाव होई।
नयका पद के तौर पर स्पोर्ट्स सचिव अउर आईएमए भवन इंचार्ज एह बेर चुनल जइहें। एकरे अलावा संयुक्त सचिव के दू पद के बढ़ा के अब तीन कs दिहल गइल बा। कुल चार नयका पद पर भी एह बेर चुनाव होई। स्पोर्ट्स सचिव के पद बढ़वले के पीछे उद्देश्य बा कि आईएमए खेलकूद गतिविधि के हिस्सा बने। बतावल जा रहल बा कि अध्यक्ष से ले के, सचिव, उपाध्यक्ष सहित अन्य पद पर लगभग निर्विरोध निर्वाचन तय मानल जा रहल बा।
मीडिया प्रभारी डॉ. इमरान अख्तर बतवलें कि आठ नवंबर से नामांकन के समय शुरू हो चुकल बा। 20 नवंबर नामांकन के आखिरी तिथि ह, लेकिन अब ले एक्को भी पद पर पर्चा दाखिल नइखे भइल। चुनाव में आईएमए के पदाधिकारियन के साथ ही वूमेन डॉक्टर विंग के अध्यक्ष अउर सचिव के भी चयन कइल जाई। 24 नवंबर के पर्चा वापसी बा। एकरे बाद स्थिति स्पष्ट होई कि केतना डॉक्टर मैदान में बानें।

आईएमए पांच अस्पतालन के संबद्धता प्रमाणपत्र जारी कइलस

इंडियन मेडिकल एसोसिएशन (आईएमए) अपने डॉक्टरन के अस्पताल के आईएमए संबद्धता प्रमाणपत्र देहले के शुरुआत कs देहले बा। सुक्क को पांच अस्पतालन के प्रमाणपत्र भी दिहल गइल बा। एह अस्पतालन के प्रबंधक लोग संस्था के लिख के देहले बा कि ऊ मरीज के हित में आईएमए अउर सरकार के चिकित्सा मानकन पर काम करिहें।

आईएमए अध्यक्ष डॉ. शिव शंकर शाही बतवलें कि पहिला बेर शाही ग्लोबल हास्पिटल तारामंडल, नारायणी हास्पिटल मोहद्दीपुर, डॉ. रेणुका त्रिपाठी क्लीनिक बेतियाहाता, श्री सांई नेत्रालय गोरखनाथ और वरदायनी हॉस्पिटल तारामंडल के संबद्धता प्रमाणपत्र देहल गइल बा जौन 31 अक्टूबर 2025 ले मान्य होई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]