[the_ad_group id="30365"]

रेलवे के अब ले के सबसे बड़ फैसला, 38 ‘निकम्मा’ अध‍िकार‍ियन के कइसल बर्खास्त

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारतीय रेलवे के तरफ से अब ले के सबसे बड़ कार्रवाई कइल गइल बा। रेलवे प‍िछले 16 महीना के दौरान हर तीन दिन में एक ‘निकम्मा चाहे भ्रष्ट अधिकारी’ के बर्खास्त कइल गइल बा। एकरे अलावा 139 अधिकारियन पर स्वैच्छिक सेवानिवृत्ति खातिर दबाव डारल जा रहल बा। जबकि 38 लोग के हटा दिहल गइल बा। सूत्रन से म‍िलल जानकारी के अनुसार एक द‍िन पहिलही वरिष्ठ स्तर के दू अधिकारियन के हटावल गइल बा।

5 लाख रुपया के रिश्वत के साथ पकड़लस

बतावल गइल क‍ि एहमें से एक के केंद्रीय अन्वेषण ब्यूरो (CBI) हैदराबाद में 5 लाख रुपया के रिश्वत के साथ जबकि दूसरा के रांची में 3 लाख रुपया के संगे पकड़ले रहल। एगो अधिकारी कहनें, रेलवे म‍िन‍िस्‍टर अश्विनी वैष्णव, ‘काम करs नाइ त हटs’ के अपने संदेश के बारे में बहुत स्पष्ट बा। हमनीं के जुलाई 2021 से हर तीन दिन में रेलवे के एगो भ्रष्ट अधिकारी के बाहर कइल गइल’। रेलवे के एह फैसला के बाद कर्मचार‍ियन के बीच खलबली मचल बा।

9700 मामलन में रेलवे 68 लाख असुललस

दूसरे तरफ पूर्व मध्य रेल बिना टिकट यात्रा करे वालन के लगातार सख्‍ती कs रहल बा। ब‍िना ट‍िकट यात्रा करे वालन के ख‍िलाफ सख्‍ती से अभ‍ियान चलावल जा रहल बा। एही के मद्देनजर पूर्व मध्य रेलवे 22 नवंबर के समस्तीपुर मंडल में भोरे 5 से रात 11 बजे ले स्पेशल टिकट चेकिंग अभियान चलावल गइल बा। एही दौरान 9700 केस से कुल 68 लाख रुपया के राश‍ि वसूलल गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]