[the_ad_group id="30365"]

Railway News: लखनऊ से बिहार के एs स्टेशन के बीच चली वंदे भारत एक्सप्रेस स्पेशल ट्रेन, जानीं सबकुछ

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

उत्तर प्रदेश के राजधानी लखनऊ आ बिहार के छपरा के रेलवे यात्रियन खातिर एगो खुशखबरी बा। रेलवे एह दुनो शहर के बीच एगो नाया वंदे भारत एक्सप्रेस स्पेशल ट्रेन चलावे के फैसला कईले बिया। ट्रेन नंबर 02270/02269 मंगल के छोड़ के सप्ताह में 6 दिन चली। एह ट्रेन के चलावे से एह सेगमेंट के यात्रियन के बहुते सुविधा मिली. ई जानकारी देत ​​उत्तरी रेलवे एह संबंध में अधिसूचना भी जारी कइल गइल बा।

कवना तारीख ले चली?

उत्तरी रेलवे के मुताबिक, लखनऊ से 27 मार्च 2025 से 26 अप्रैल 2025 तक ट्रेन नंबर 02270 चलेला, मंगल के इs ट्रेन उपलब्ध ना होई। एह दौरान ई ट्रेन कुल 27 गो यात्रा करी। एही तरे छपरा से 27 मार्च 2025 से 26 अप्रैल 2025 तक ट्रेन नंबर 022269 चली।एह ट्रेन से भी कुल 27 यात्रा होई। इ विशेष वंदे भारत एक्सप्रेस ट्रेन लखनऊ-छपरा के बीच सुल्तानपुर जंक्शन, वाराणसी जंक्शन, गाजीपुर सिटी अवुरी सुरेमनपुर स्टेशन पs रुकी।

ट्रेन के टाइमिंग


एह नया स्पेशल वंदे भारत ट्रेन में चेयर कार आ एग्जीक्यूटिव चेयर कार होखी. दुनो शहर के बीच नईकी वंदे भारत एक्सप्रेस स्पेशल ट्रेन के टाइम-टेबल भी जारी कs दिहल गईल बा। उत्तरी रेलवे के मुताबिक इs ट्रेन लखनऊ जंक्शन से 14:15 बजे निकली अवुरी 21:30 बजे छपरा जंक्शन पहुंची। एही तरे छपरा जंक्शन से 23:00 बजे निकली आ 6:30 बजे लखनऊ पहुंची।

केतना बा किराया

आईआरसीटीसी के आधिकारिक वेबसाइट के मुताबिक, लखनऊ से छपरा जाए वाली एs ट्रेन के चेयर कार में किराया 1780 रुपया बा, जबकि एग्जीक्यूटिव क्लास में किराया 3125 रुपया बा।

इहो पढ़ीं: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ धरती चीर के बाहर निकलल रहे गोरखपुर के मां काली के प्रतिमा

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]