[the_ad_group id="30365"]

लखनऊ के अनाथालय में फूड प्वाइजनिंग से कोहराम, 2 लईकन के मउत, 16 गो अस्पताल में

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

उत्तर प्रदेश के राजधानी लखनऊ में एगो बड़ घटना घटल बा। इहाँ के मानसिक रूप से मंद बच्चा के अनाथालय में फूड पॉइजनिंग के एगो बड़ मामला सोझा आईल बा। फूड पॉइजनिंग के चलते दु गो लइका के भी मउत हो गईल बा। एकरा अलावे अनाथालय के 16 बच्चा अबे तक अस्पताल में बाड़े। एह लइकन के हालत सामान्य बतावल जात बा.

पूरा बात का बा?


असल में अनाथालय के फूड पॉइजनिंग के इs मामला 23 मार्च के रात में सोझा आईल, 4 दिन पहिले संस्थान में खाना खईला के बाद करीब 25 बच्चा बेमार हो गईले। एह में से 2 बच्चा के जान गंवा चुकल बा। जानकारी के मुताबिक अबे तक 16 बच्चा अस्पताल में बाड़े। एह सब के हालत स्थिर बतावल जात बा.

खिचड़ी आ दही खइला के बाद बच्चा बेमार हो गईले खबर के मुताबिक लखनऊ में मानसिक रूप से कमजोर बच्चा के अनाथालय के बच्चा खिचड़ी अवुरी दही के सेवन के बाद बेमार हो गईल बाड़े। प्राइमा फेसी में निर्वाण संस्थान के लापरवाही के चलते अनाथ बच्चा के जान गईल बा अवुरी बहुत बच्चा अस्पताल में भर्ती बाड़े। अधिकारी के मुताबिक पूरा मामला के जांच कईल जाता। दोषी पावल गइला पs जिम्मेदारन के खिलाफ कड़ा कार्रवाई कइल जाई.

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: हाई ब्लड प्रेशर में कारगर होला, इs तीन गो योगासन

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]