[the_ad_group id="30365"]

ग्रामीण पत्रकारन के सम्मान में भइल सम्मान समारोह के आयोजन, समाज के दलित और पीड़ितों की आवाज उठाने की अपील

ग्रामीण पत्रकारन के सम्मान में भइल सम्मान समारोह के आयोजन, समाज के दलित और पीड़ितों की आवाज उठाने की अपील
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

देवरिया : बरहज तहसील क्षेत्र के भलुअनी नगर पंचायत सभागार में अतवार के एगो भव्य पत्रकार सम्मेलन/गोष्ठी आ सम्मान समारोह के आयोजन कइल गइल। एह कार्यक्रम के मुख्य उद्देश्य ग्रामीण पत्रकारन के ओह लोगन के संघर्ष आ समाज में उनकर जोगदान खातिर सम्मानित करे के रहे।

मुख्य अतिथि दीपक कुमार मिश्रा अपना संबोधन में पत्रकारिता के महत्व पs प्रकाश डलले। ऊ कहलें कि आज के समय में ग्रामीण पत्रकारन के सामने कइयन गो चुनौती बा, बाकिर ई सब चुनौती पत्रकारन के नया ऊर्जा आ ताकत प्रदान करेला। पत्रकारन के जिम्मेदारी बा कि ऊ समाज के पीड़ित आ दलित वर्ग के आवाज उठावे लो। जब पत्रकार आपन लेखनी से समाज के समस्यन के उजागर करेला, तs केहूओ ओकरा के रोक नइखे सकत। ऊ इहो कहलें कि समाचार पत्रन के विश्वसनीयता आ पारदर्शिता पत्रकारन के पहचान हs। ऊ पत्रकारन खातिर एगो कार्यालय भवन बनावे के वचन देले, ताकि ओह लोगन के कार्यक्षमता बढ़ सके।

विशिष्ट अतिथि अरुण कुमार राय, अपर जिलाधिकारी (वित्त एवं राजस्व) आपन विचार साझा कइलें। ऊ कहलें कि पत्रकारन के समस्यन के समाधान खातिर प्रशासन आ सरकार संकल्पित बिया। ऊ इहो बतवलें कि प्रशासन के कइयन बेर अखबारन खातिर महत्वपूर्ण सूचना मिलेला, जवन प्रशासन के कार्य में सहायक होला। ऊ पत्रकारन के भरोसा दिलवले कि प्रशासन हमेसा उनकर समस्यन के समाधान करे खातिर रही।

एह कार्यक्रम में पत्रकारिता के क्षेत्र में उत्कृष्ट कार्य करे वाला कइयन पत्रकारन के सम्मानित कइल गइल। जेमे प्रेमचंद मिश्र, राजेंद्र सिंह, जगदीश जायसवाल, गंगा शरण पांडे, विनोद सिंह, प्रमोद राय, सुशील यादव, उमेश चंद्र, ओमप्रकाश अकेला, आदित्य कुमार मिश्र, सिंहासन यादव, पवन कुमार सिंह आ क्रिकेट क्षेत्र में राष्ट्रीय बालिका खिलाड़ी तन्नू चतुर्वेदी के सम्मानित कइल गइल।

कार्यक्रम के अध्यक्षता तहसील अध्यक्ष सिंहासन यादव आ संचालन नागेंद्रनाथ शर्मा कइलें। एह अवसर पs ब्लॉक प्रमुख छट्ठू यादव, जिला अध्यक्ष प्रेमचंद मिश्र, जिला मंत्री डॉ. हरिश्चंद्र मिश्र सहित कइयन गो सम्मानित व्यक्ति पत्रकारन आ समाज के अलग-अलग वर्गन खातिर आपन विचार साझा कइल लो।

Read Also: एसिडिटी आ ब्लोटिंग से बानी परेसान तs पिहीं ई देसी ड्रिंक्स, पेट के कइयन समस्यन से मिली आराम

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]