[the_ad_group id="30365"]

विश्व स्तरीय बनी देवबंद रेलवे स्टेशन, सहारनपुर दौरा पर पहुंचल रेल मंत्री अश्विनी वैष्णव कइलें बड़ घोषणा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

रेल मंत्री अश्विनी वैष्णव दू दिवसीय दौरा पर आजु सहारनपुर पहुंचलें। इहां ऊ देवबंद रेलवे स्टेशन के विश्व स्तरीय बनावे के घोषणा करत तमाम मूलभूत सुविधा उपलब्ध करावे के घोषणा कइलें। उहवें जनपद में पहुंचले पर रेल मंत्री के जोर-शोर से स्वागत कइल गइल।
जनपद के दू दिवसीय दौरा पर सोमार के बिहाने पहुंचल रेल मंत्री अश्विनी वैष्णव देवबंद रेलवे स्टेशन के निरीक्षण कइलें। ऊ स्टेशन के विश्व स्तरीय बनावे के घोषणा कइलें। कहलें, इहां मां बाला सुंदरी के सिद्ध सिद्ध पीठ बा। इहां के धार्मिक महत्ता के देखत देवबंद रेलवे स्टेशन पर सुविधा बढ़ावल जाई। प्लेटफॉर्म के विस्तार कइल जाई। स्टेशन के भवन भी भव्य बनावल जाई।
सोमार के सुबह देवबंद स्टेशन पर पहुंचल रेल मंत्री निरीक्षण के उपरांत मां बाला सुंदरी मंदिर में जाकर पूजा-अर्चना कइलें। ऊ श्री खाटू श्याम धाम में जा के बाबा श्याम के दर्शन के पूजा-अर्चना कइलें।

योग गुरु से भी कइलें मुलाकात

रेल मंत्री श्री महाकालेश्वर ज्ञान मंदिर में स्वामी ब्रह्मानंद सरस्वती के समाधि पs पुष्पांजलि अर्पित क के योग गुरु स्वामी दीपांकर महाराज से भी मुलाकात कइलें। व्यापारियन समेत अन्य संगठन के लोग अपने मांग के ज्ञापन रेल मंत्री के सौंपल।
एह दौरान लोक निर्माण राज्यमंत्री बृजेश सिंह, क्षेत्रीय अध्यक्ष मोहित बेनीवाल समेत जिलाधिकारी अखिलेश सिंह, एसएसपी विपिन टाडा आदि अधिकारी लोग मौजूद रहलें।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]