Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

गोरखपुर: पार्षद वरीयता पर खर्च भइल 40-40 लाख, बीतल साल विकास कार्य खातिर मिलल रहे 30-30 लाख रुपया

330

एह साल पार्षद वरीयता से विभिन्न वार्ड में खूब विकास कार्य भइल। जहां पिछले साल पार्षद वरीयता से हरेक वार्ड में 30-30 लाख रुपया खर्च भइल रहे, उहवें एह साल 40-40 लाख रुपया के लागत से विकास कार्य कइल गइल रहे।

एह मद में अधिकांश कार्य पूरा हो चुकल बा अउर जौन बचल बा। उनकर नगर निगम के ओर से टेंडर जारी कs दिहल गइल बा। उहवें नगर आयुक्त अविनाश सिंह नगर निगम बोर्ड के अंतिम बैठक में विकास कार्य खातिर पुरुष पार्षदन के 10-10 लाख अउर महिला पार्षद के 12-12 लाख रुपया देहले के घोषणा कइले रहनें।

नगर निगम के ओर से सब पार्षदन के वित्तीय वर्ष 2022-23 में 40-40 लाख रुपया के पार्षद वरीयता प्रदान कइल गइल रहे। एहसे पहिले वित्तीय वर्ष 2021-22 में ई रकम 30 लाख रहल।

पार्षद जल्दी दें प्रस्ताव

नगर आयुक्त बतवलें कि नगर निगम के सदन के अंतिम बैठक के दौरान समस्त पार्षदन के उनके सम्मान के तौर 10-10 लाख रुपया के अतिरिक्त पार्षद वरीयता के स्वीकृति पार्षद वरीयता पार्ट-2 के नाम से प्रदान कइल गइल रहे।

एकरे सथही महिला पार्षदन के नारी सशक्तीकरण अउर मिशन शक्ति के तहत 12-12 लाख के अतिरिक्त पार्षद वरीयता के स्वीकृति विकास कार्य करावे के उद्देश्य से प्रदान कइल गइल रहे। जेमें से बहुत से पार्षदन से प्रस्ताव प्राप्त हो चुकल बा। आगे के कार्यवाही करावल जा रहल बा। जौन पार्षद से पार्षद वरीयता के प्रस्ताव प्राप्त नाइ भइल उनसे प्रस्ताव मांगल जा रहल बा, ताकि समय से उनके क्षेत्र में विकास के कार्य हो सकी।

372950cookie-checkगोरखपुर: पार्षद वरीयता पर खर्च भइल 40-40 लाख, बीतल साल विकास कार्य खातिर मिलल रहे 30-30 लाख रुपया

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.