[the_ad_group id="30365"]

सीएम पर अभद्र टिप्पणी करे वाला आरोपी सपा नेता गिरफ्तार, कन्या पूजन के फोटो के उड़वले रहे मजाक

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के कन्या पूजन के फोटो लगा के अभद्र टिप्पणी करे के आरोपी सपा नेता राहुल यादव के बियफ़े के  गिरफ्तार कs लिहल गइल। आरोपी सपा लोहिया वाहिनी के सदस्य बतावल जा रहल बा। हालांकि, पार्टी सब इकाइयन के भंग कs रखले बा।
रामगढ़ताल पुलिस आरोपी पs सोशल मीडिया पर अभद्र टिप्पणी कर सौहार्द बिगड़ने सहित कई धारा में केस दर्ज कइलस। राहुल यादव रामगढ़ताल इलाका के कजाकपुर के निवासी बानें। जानकारी के मुताबिक, उ मुख्यमंत्री के कन्या पूजन से संबंधित एगो फोटो सोशल मीडिया पर लगवले बान। उ लिखले रहलें कि बच्ची डेरात बा, काहेसेकि भगवा पहिनके ही रावण भी आइल रहे। एह टिप्पणी के लेके सोशल मीडिया पर बहस छिड़ गइल। एकर जानकारी पुलिस के मिलल त तत्काल केस दर्ज कs लिहल गइल बा।

प्रभारी निरीक्षक रामगढ़ताल सुधीर सिंह बतावलें कि आजाद नगर चौकी प्रभारी पुरुषोत्तम आनंद सिंह टीम के साथ आरोपी की तलाश में जुटल रहे। राहुल के उनके घर के पास से गिरफ्तार कs के कोर्ट में पेश कइल गइल, जहां से जेल भेजल गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]