[the_ad_group id="30365"]

गुरु नानक जयंती पर पगड़ी पहिन के गुरुद्वारा पहुंचलें राहुल, बोललें- यात्रा नाइ रोक सकsतिया कौनो ताकत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कांग्रेस नेता राहुल गांधी मंगर के भारत जोड़ो यात्रा शुरू कइले से पहिले गुरुद्वारा पहुंचलें। गुरु नानक जयंती पर ऊ नांदेड़ जिला के गुरुद्वारा यादगार बाबा जोरावर सिंह फतेज सिंह जी पहुंचलें अउर प्रार्थना कइलें। एह दौरान राहुल गांधी केसरिया पगड़ी भी पहिनलें। कांग्रेस पार्टी के ओर से ट्वीट कइल गइल कि गुरुद्वारा में राहुल गांधी सद्भाव अउर समानता के प्रार्थना कइलें।

बता देईं, राहुल गांधी सोमार के तेलंगाना से महाराष्ट्र पहुंचल रहनें। इहां पहुंचले के कुछ देर बाद ही ऊ गुरुद्वारा पहुंच गइलें। पार्टी के ओर से दीहल गइल जानकारी के मुताबिक, मंगर के भारत जोड़ो यात्रा के शुरुआत गुरुद्वारा से भइल। एकरे बाद ई यात्रा बिलोली जिला के अटकली में रुकी। साँझ चार बजे यात्रा फिर से शुरू होई, जौन सात बजे भोपाला में रुकी। उहवें यात्रा के रात्रि प्रवास बिलोली के गोदावरी मनार शुगर फैक्ट्री मैदान में होई।

15 दिन ले महाराष्ट्र में रही यात्रा

बता देईं, एहसे पहिले सोमार के राहुल गांधी मशाल के संगे महाराष्ट्र के सीमा में प्रवेश कइले रहनें। ऊ कहले रहनें कि अगिले 15 दिन महाराष्ट्र प्रवास के दौरान ऊ राज्य के लोग से मिली अउर उनके दर्द के सुनिहें। ऊ कहलें, कौनो भी ताकत उनकर 61 दिन पुरान यात्रा के रोक नाइ सकsतिया।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]