[the_ad_group id="30365"]

दूसरे चरण में आजु नौ जिला में होंई ब्लॉक समिति अउर जिला परिषद के चुनाव

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

हरियाणा में बुध के पंचायत राज चुनाव के दूसरे चरण में नौ जिला में जिला परिषद अउर ब्लॉक समिति के पद चुनाव होई। एकरे खातिर हरियाणा सरकार पुख्ता प्रबंध कs लेहले बा। हरियाणा राज्य चुनाव आयुक्त धनपत सिंह मंगर के एह संबंध में जिला अधिकारियन से तैयारियन के समीक्षा कइल।

दूपहर से ही चुनावी प्रक्रिया में लागल कर्मचारी अउर अधिकारी मतदान केंद्र खातिर रवाना हो गइल रहे। एह चुनाव के परिणाम 27 नवंबर के आई। दूसरे चरण में जिला अंबाला, चरखी दादरी, गुरुग्राम, करनाल, कुरुक्षेत्र, रेवाड़ी, रोहतक, सिरसा अउर सोनीपत जिला शामिल बा।

इहां कुल 12,519 सीट पर 35,229 उम्मीदवार मैदान में बानें। एहमें 19,704 पुरुष बानें अउर 15,525 महिला बाड़ी। जिला परिषद के 158 सीट खातिर 1183, ब्लॉक समिति के 1199 सीट पर 4770, सरपंच के 2555 पद खातिर 10858 अउर 8607 पंच पद खातिर 18418 उम्मीदवार में मुकाबला होई।

दूसरे चरण में कुल 125 सरपंच अउर 16345 सर्वसम्मति से चुनल जा चुकल बा। एह जिलन में 12 नवंबर के पंच अउर सरपंच के चुनाव होखे वाला बा। इनकर परिणाम मतदान के तुरंत बाद जारी कइल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]