[the_ad_group id="30365"]

95 साल के भइलें लाल कृष्ण आडवाणी, बधाई देवे घरे पहुंचलें पीएम मोदी अउर राजनाथ सिंह

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारतीय जनता पार्टी के वरिष्ठ नेता लाल कृष्ण आडवाणी के आजु जन्मदिन ह। उ 95 साल के हो गइल बानें। एह मौका पर प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी बधाई देवे उनके आवास पर पहुंचल बानें। एकरे अलावा रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह भी उनके आवास पर पहुंच के उनके बधाई दिहले बानें। दूनो नेता लोग के आडवाणी से मिलले के कुछ तस्वीर अउर वीडियो भी सामने आइल बा। वीडियो में साफ देखल जा सकsता कि पीएम मोदी काफी उत्साह से लाल कृष्ण आडवाणी के बधाई देत नजर आ रहल बानें। पीएम मोदी एह दौरान उनके गुलदस्ता भी भेंट कइलें। एकरे बाद दूनों नेता लोग बैठ के आपस में बातचीत भी कइलें।

भाजपा के मुख्य संस्थापकन में एक रहल बानें आडवाणी 

बता देईं कि लाल कृष्ण आडवाणी के जन्म आठ नवंबर 1927 के कराची में भइल रहे। उ भाजपा के संस्थापक सदस्यन में से एक रहल बानें। आडवाणी देश के गृह मंत्री रहलें अउर उप-प्रधानमंत्री भी रह चुकल बानें। ऊ कई बेर भाजपा के राष्ट्रीय अध्यक्ष रह चुकल बानें। जनवरी 2008 में NDA लोकसभा चुनाव के आडवाणी के नेतृत्व में लड़ले अउर जीत होखले पर उनके प्रधानमंत्री बनावे के घोषणा कइले। लालकृष्ण आडवाणी कब्बो पार्टी के कर्णधार कहल गइलें, कब्बो लौह पुरुष अउर कभी पार्टी के असली चेहरा।

पीएम मोदी देहलें आडवाणी के बधाई, इहां देखीं वीडियो…

राजनाथ सिंह देहलें बधाई…

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]