[the_ad_group id="30365"]

राहुल गांधी के काफिला मणिपुर में रोकल गइल: पुलिस इलाका में हिंसा के हवाला देलस; उहां ऊ सिविल सोसाइटी के मेंबर्स से मिलिहें 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कांग्रेस नेता राहुल गांधी बियफे के दुपरहिया के दु दिन के मणिपुर दौरा पs इंफाल पहुंचलें। मीडिया रिपोर्ट्स के मोताबिक, राहुल के काफिला के पुलिस इंफाल से 20 किलोमीटर पहिले रोक देले बिया। पुलिस के तरफ से एकरा पीछे इलाका में हिंसा होखे के हवाला दिहल गइल बा।

इहां ऊ राहत शिविरन के दौरा करिहें आ सिविल सोसाइटी के नेता लोगन से मुलाकात करिहें। ऊ काल्ह माने 30 जून तक मणिपुर में रहिहें। मणिपुर कांग्रेस अध्यक्ष ओकराम इबोबी सिंह बतवलें कि एकरा संगही राहुल सीनियर सिटीजन आ कइयन नेता लोगन से मिलिहें।

मणिपुर में 3 मई से कुकी आ मैतेई समुदाय के बीच हिंसा जारी बा। हिंसा में अब तक 131 लोगन के मौत हो चुकल बा।

आगजनी के 5 हजार से जादे घटना

हिंसा को देखत राज्य में 30 जून तक इंटरनेट पs प्रतिबंध बढ़ा दिहल गइल बा। सर्वदलीय बैठक में गृह मंत्रालय हिंसा में अब तक 131 लोगन के मौत के जानकारी देले रहे। ओहिजा 419 लोग घायल भइल बा।

65,000 से जादे लोग आपन घर छोड़ चुकल बा। आगजनी के 5 हजार से जादे घटना भइल बा। 6 हजार ममिला दर्ज भइल रहे आ 144 लोगन के गिरफ्तारी भइल रहे। राज्य में 36 हजार सुरक्षाकर्मी आ 40 IPS तैनात कइल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]