[the_ad_group id="30365"]

दिल्ली के निजी स्कूल में नर्सरी दाखिला के दौड़ आज से, इहां पढ़ी एसे जुड़ल अहम जानकारी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

राजधानी के निजी स्कूलन में नर्सरी, केजी अउर पहिली कक्षा खातिर बियफे से दाखिला के दौड़ शुरू हो रहल बा। दिल्ली के करीब 1700 स्कूलन में बच्चवन के दाखिला मिली। आवेदन करे खातिर अभिभावक 23 दिसंबर तक फॉर्म जमा कर सकतने। उहवें, दिल्ली के एक हजार स्कूलन में दाखिला के ले के शिक्षा निदेशालय अउर अपने वेबसाइट पर मानदंड जारी कs दिहल गइल बा।

नर्सरी दाखिला खातिर एह बार प्रक्रिया करीब 15 दिन पहिले शुरू हो रहल बा। उहवें, शिक्षा निदेशालय के ओर से सामान्य वर्ग खातिर दिशा-निर्देश जारी कs दिहल गइल बा। एह श्रेणी में करीब 75 फीसदी सीट बा। शिक्षा निदेशक हिमांशु गुप्ता के ओर से जारी कइल गइल सकुर्लर में कहल गइल रहे कि निजी स्कूल दाखिला खातिर अपने मानकन के खुदहीं तैयार कs सकतने। स्कूलन के पारदर्शी, स्पष्ट, तर्कसंगत, निम्मन तरीका से परिभाषित अउर भेदभाव रहित मानकन के तैयार करे के कहल गइल रहे। हालांकि, मंगर साँझ ले कौनो स्कूल के ओर से मानकन के वेबसाइट पर अपलोड नाइ कइल गइल रहे। हर बेर के तरह दाखिला सौ अंक केे तंत्र के आधार पर होई।

दूरी अउर एकल अभिभावक मानक में शामिल

दाखिला में भाई-बहन, पड़ोस, एकल अभिभावक अउर एल्युमिनी जइसन मानक शामिल बा। उहवें, सबसे अधिक अंक दूरी खातिर बा। अइसेे में अभिभावकन के सलाह बा कि वह अपने आसपास वाले अधिक से अधिक स्कूलन में आवेदन करें। उहवें, एकरे अलावा बाकी मानक में अलग-अलग अंक निर्धारण कइल गइल बा। इहाँ ध्यान देवे वाली बात ई बा कि अगर लॉटरी निकालल जाई, त स्कूलन के अभिभावक के मौजूदगी में ड्रॉ करे के होई। उहवें, लॉटरी निकालल गइले से कम से कम दू दिन पहिले अभिभावक के बतावे के होई। साथ ही लॉटरी प्रक्रिया के वीडियोग्राफी भी जरूरी बा।

आवास प्रमाण खातिर ई दस्तावेज बा जरूरी

  • माता-पिता के नाम के आधार कार्ड
  • अभिभावक के नाम के राशन कॉर्ड
  • बचवे अउर अभिभावक के नाम के डोमोसाइल प्रमाणपत्र
  • अभिभावक के वोटर आईकार्ड
  • बिजली, टेलीफोन चाहे पानी के बिल अउर लइका के नाम के पासपोर्ट

दाखिला के शेड्यूल

  • दाखिले खातिर फॉर्म मिलल शुरू- 01 दिसंबर
  • फॉर्म जमा करे के अंतिम तारीख- 23 दिसंबर
  • वेबसाइट पर आवेदन करे वालन के सूची- 06 जनवरी
  • सब लइकन के अंक के साथ सूची होई जारी- 13 जनवरी
  • चयनित बच्चा के पहिला सूची (प्रतीक्षा सूची के साथ) जारी- 20 जनवरी
  • सूची के ले के अभिभावकन के समस्या के समाधान 21 जनवरी से 30 जनवरी तक कइल जाई।
  • दूसरी सूची (प्रतीक्षा सूची के साथ) 06 फरवरी के होई।
  • जारी सूची के लेके अभिभावकन के समस्या के समाधान आठ से 14 फरवरी तक। उहवें, अगर दूसर कौनो सूची बा त एक मार्च के होई जारी।
  • 17 मार्च ले दाखिला प्रक्रिया होई समाप्त।

दिशा-निर्देश

  • फॉर्म के रूप में स्कूल खाली 25 रुपया शुल्क लीहें।
  • अभिभावकन खातिर स्कूल के प्रॉस्पेक्टस खरीदल नइखे अनिवार्य
  • स्कूल अभिभावकन से कैपिटेशन फीस चाहे डोनेशन नइखे असूल सकत।

लइकन के उम्र सीमा

  • नर्सरी-तीन से चार साल तक
  • केजी- चार से पांच साल तक
  • पहली- पांच से छह साल तक
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]