[the_ad_group id="30365"]

अब कैंसर अउर HIV रोग के जल्दी होई पहचान, आईआईटी बीएचयू में प्रशिक्षण भइल शुरू

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

आईआईटी बीएचयू के फार्मास्यूटिकल डिपार्टमेंट में कैंसर अउर एचआईवी जइसन रोग के पहचान अउर उनकर प्रगति जाने खातिर 29 नवंबर से 5 दिसंबर ले सात दिवसीय प्रसीक्षण कार्यक्रम के आयोजन भइल बा। एहमें 31 प्रतिभागी अउर 9 विशेषज्ञ लोग हिस्सा लिहले बा।

डिपार्टमेंट ऑफ फार्मास्यूटिकल आईआईटी बीएचयू के एसोसिएट प्रोफेसर ए एन साहू बतवलें कि ई कैंसर रोग पर आधारित सेमिनार ह। एहमें फार्मास्यूटिकल डिपार्टमेंट के ओर से खरीदल फ्लो साइटोमेट्री मशीन के माध्यम से आईसीटी मुंबई के सहयोग से सजीव प्रशिक्षण दिहल जाई।

कार्यक्रम के आयोजन प्रतिदिन दू चरण में होई। जेमे पहिले चरण में सब प्रतिभागी विशेषज्ञ लोग के संगे एक्सपर्ट टॉक करिहें अउर उनके दूसरे चरण में मशीन में सजीव प्रशिक्षण दिहल जाई। प्रशिक्षण में कैंसर अउर सामान्य सेल लाइंस के लक्षण के अध्ययन करावल जाई।

जेमें कैंसर जइसन रोग के पहिचान अउर उनकर प्रगति के पता लगावल जा सकी। एकरे अलावा बाहर से इन प्रतिभागियन के वाराणसी के संस्कृति के संगे बीएचयू के सेंट्रल इंस्ट्रूमेंट फैकल्टी में लागल लैब से भी परिचित करावल जाई। मंगर के कार्यक्रम के शुरूवात सरस्वती वंदना से भइल।

एकरे बाद आईआईटी बीएचयू के फार्मास्यूटिकल डिपार्टमेंट के मेन लेक्चर थिएटर में एक्सपर्ट टॉक भइल। एहमें प्रो.सुशांत कुमार श्रीवास्तव आपन व्याख्यान दिहलें। कार्यक्रम में आईआईटी बीएचयू के फारामास्यूटिकल डिपार्टमेंट के एचओडी प्रो. एस हेमलता, डॉ. जयराम मीणा, आईसीटी मुंबई के प्रोग्राम हेड जय दीप भट्ट समेट फैकल्टी के लोग मौजूद रहल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]