[the_ad_group id="30365"]

अनाकापल्ली में दवा कंपनी के लैब में आग, चार लोग के मौत, एक लोग घाही

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

आंध्र प्रदेश के अनाकपल्ली स्थित एक दवा कंपनी में सोमार के देर साँझ आग लाग गइल। बतावल गइल बा कि आग परवादा लॉरस फार्मा लैब्स लिमिटेड कंपनी के प्रयोगशाला में लागल। एह आग के चपेट में आने से चार लोग के मौत हो गईल। जबकि एक आदमी गंभीर रूप से घाही बानें।

पुलिस के मुताबिक, घायलन के लगहीं के अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा। बतावल गइल बा कि ई घटना ओ घरी भइल, जब कंपनी के बिल्डिंग में मेंटेनेंस के काम जारी रहल। राज्य के उद्योग मंत्री अमरनाथ कहनें कि घाही व्यक्ति के इलाज जारी बा अउर ऊ एह घटना के सूचना मुख्यमंत्री जगनमोहन रेड्डी के दे दिहले बानें।

मंत्री बतवलें कि मुख्यमंत्री मृतकन के परिवार खातिर 25 लाख रुपया मुआवजा देवे के एलान कइले बानें। एकरे अलावा घाही व्यक्ति के इलाज अउर उनकर आर्थिक मदद करे खातिर अधिकारियन के निर्देश दे दिहल गइल बा। सरकार एह घटना के वजह के पता लगावे खातिर एगो जांच भी बइठा दिहले बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]