[the_ad_group id="30365"]

हाईकोर्ट जज गोल्फ में मरलें बाजी: AWS विंटर गोल्फ टूर्नामेंट में ट्रॉफी अपना नामे कइलें; जमशेदपुर में भइल रहे मुकाबला

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पंजाब आ हरियाणा हाईकोर्ट जज, जस्टिस अनुपइंद्र सिंह ग्रेवाल जमशेदपुर में आयोजित AWS विंटर गोल्फ टूर्नामेंट में ट्रॉफी अपना नावे कइलें बाडें। ऊ 75( 3 ओवर पर) के शानदार राउंड खेललें। जमशेदपुर के गोलमुरी गोल्फ क्लब में ई टूर्नामेंट खेलल गइल। 58 साल के जस्टिस ग्रेवाल एम्च्योर गोल्फर हवें। बता दीं कि AWS गोल्फ टूर्नामेंट एगो वार्षिक टूर्नामेंट ह आ कोरोना महामारी के चलते 2 साल बाद आयोजित भइल बा। देश भर के गोल्फर एमे भाग लेवेला लो।

मार्च, 1964 में जनमल जस्टिस ग्रेवाल लुधियाना के एगो किसान परिवार से संबंध रखेलें। उनकर पिता पंजाब सरकार में PWD में चीफ इंजीनियर के पद से रिटायर भइल रहस। जस्टिस ग्रेवाल के पढ़ाई चंडीगढ़ के सेंज जॉन स्कूल आ पटियाला के यादविंद्रा पब्लिक स्कूल से भइल बा। सेंट स्टीफन कॉलेज, दिल्ली से ऊ MA(हिस्ट्री) कइलें रहस। 1992 में दिल्ली यूनिवर्सिटी से LLB पूरा कइलें। जवना के बाद पंजाब आ हरियाणा हाईकोर्ट में बतौर वकील काम कइलें।

2016 में बनल रहस थे परमानेंट जज

मार्च, 1995 में AAG, पंजाब बनावल गइलें। एकरा बाद जून, 1997 में DAG आ अप्रैल, 2002 में सीनियर DAG बनावल गइलें। सितंबर, 2005 में ऊ एडिशनल एडवोकेट जनरल, पंजाब बनलें। जवना के बाद ऊ सितंबर, 2014 में एलीवेट होके हाईकोर्ट जज बनावल गइलें। दिसंबर, 2014 में उनकर राजस्थान हाईकोर्ट ट्रांसफर भइल। मई, 2016 में ऊ परमानेंट जज बनलें। अक्टूबर, 2016 से ऊ पंजाब आ हरियाणा हाईकोर्ट में जज बाड़ें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]