[the_ad_group id="30365"]

बास्केटबाल के खिलाड़ी देवेश के भइल यूपी टीम में चयन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सिसवा बाजार (महराजगंज) कस्बा के मीराबाई नगर के रहे वाले 16 साल के देवेश जायसवाल के चयन जूनियर नेशनल बास्केटबाल चैंपियनशिप खातिर उत्तर प्रदेश की टीम में हुआ है। कोलकाता में 14 से 17 नवंबर तक आयोजित होने वाली राष्ट्रीय ईस्ट जोन बास्केटबाल प्रतियोगिता के लिए कोच श्यामवीर सिंह की देखरेख में प्रदेश की टीम का गठन किया गया है।

देवेश ने दसवीं कक्षा के बाद भारतीय खेल प्राधिकरण वाराणसी की कोच प्रीति से बास्केटबाल के प्रशिक्षण लेहल शुरू कs दिहल गइल। जूनियर वर्ग में देवेश प्रदेश स्तर पर गोल्ड मेडल हासिल कs चुकल बा। देवेश के पिता अमरचंद जायसवाल परिवहन निगम में लिपिक के पद पs कार्यरत बानें। माई आभा जायसवाल गृहिणी बाड़ी।

वाराणसी में कला वर्ग में अध्ययनरत 11वीं कक्षा के छात्र देवेश के बचपन से ही खेलकूद में रुचि रहल। देेवेश कक्षा छह से आठ ले के शिक्षा शिशु मंदिर गोरखपुर से लेहलें। 9 से 10 ले शिक्षा एमपी इंटर कालेज गोरखपुर से कइले बानें।

पढ़ाई के दौरान गोरखपुर शहर के करीमनगर मोहल्ला में रहत देवेश रोज आठ किलोमीटर साइकिल चला के स्टेडियम अभ्यास खातिर जात रहनें। स्टेडियम में उनकर मुलाकात कोच विवेक अउर आजाद से भइल। विवेक अउर आजाद देवेश के आगे बढ़वले में मदद कइलें।

एही बीच देवेश के चयन वाराणसी प्रशिक्षण केंद्र खातिर हो गइल। इहां पर पढ़ाई के संगे खेल के भी बेहतर ढंग से प्रशिक्षण मिल रहल बा। कोरोना काल में भी आनलाइन बास्केटबाल के बारे में जानकारी हासिल कइलें। एसे मुस्किल राह आसान हो गइल। देवेश के प्रदेश के टीम में चयन होखले पर अरविंद जायसवाल सरस, अमरनाथ, आदित्य, अभय, आनंद खुशी प्रकट कइले बानें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]