[the_ad_group id="30365"]

एच0पी0 डिफेन्स एकेडमी के स्पोर्ट्स मीट के भइल सानदार समापन, विद्यार्थियन के खेल प्रतिभा के दिखल अदभुत नजारा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दु दिन के वार्षिक समारोह के भइल भव्य समापन

दिनांक 9 आ 10 नवम्बर के गोरखपुर सिविल लाइन इस्थित एच0पी0 डिफेन्स एकेडमी स्कूल के दु दिवसीय वार्षिक खेलकूद समारोह गोरखपुर के रीजनल स्टेडियम में भव्यता के संगे सम्पन्न भइल।

विजेता छात्रन के पुरस्कृत करत अतिथिगण

कार्यक्रम के समारोह के मुख्य अतिथि श्रीमती अर्चना शाही आ रिटायर्ड्र कर्नल बी0पी0 शाही रहनीं, एकरा अलावे आउर गणमान्य अतिथि उपस्थित रहे लो। प्रधानाचार्य द्वारा सभे अतिथियन के पुष्पगुच्छ प्रदान क के स्वागत कइल गइल। कार्यक्रम के उद्घाटन माननीय श्रीमती अर्चना शाही जी अपना कर कमलन द्वारा दिया जरा के कइनीं। तालियन के गड़गड़ाहट से पूरा वातावरण गुजायमान हो गइल।

एकरा बाद अलग-अलग खेलकूद प्रतियोगितन के शुभारम्भ भइल जेमे विद्यार्थियन के 100 मी0 रेस, 400 मी0 रेस, रिले रेस, कबड्डी, खो-खो, बैडमिण्टन आदि खेल मुख्य आकर्षण के केन्द्र रहल। सबे लईका अलग-अलग खेलन में बढ़-चढ़ के हिस्सा लिहल लो।

शांति के आह्वान करत छोट बच्चन के एगो समूह गान के प्रस्तुति भइल, जवना से दर्शक मंत्रमुग्ध हो गइल लो। एकरा बाद अलग-अलग सांस्कृतिक कार्यक्रम सुरु भइल। नृत्य के लहरियन में समूचा दर्शक वर्ग हिलोरा लेवे लागल लो।

बियफे के समापन समारोह के अवसर प मुख्य अतिथि अपना उद्बोधन में विद्यार्थियन के सोझा जिनगी में अनुशासन आ खेलन के महत्व बतवलें आ विजेता प्रतिभागियन के पुरस्कार देके सम्मानित कइल लो। लोगन द्वारा विद्यालय के उपलब्धियन के भूरी-भूरी प्रशंसा कइल गइल।

सांस्कृतिक प्रस्तुति देत छात्रा लोग
सांस्कृतिक प्रस्तुति देत छात्रा लोग

 

मुख्य अतिथि विद्यार्थियन के कोसिसन के सराहना करत कहलें कि लईकन के उत्साह के बनावल राखे आ उनका के आगे बढ़ला खातिर प्रोत्साहित करत रहला से भविष्य के प्रति सकारात्मक सोच विकसित होला आ देश तबे सुदृढ़ आ विकसित बनेला। निर्णायक मंडल के सदस्य लोग विद्यार्थियन के प्रतिभा के प्रंशसा कइलें आ कहलें कि जहाँ के युवा पीढ़ी के सोच उन्नत होखे। अइसन कार्यक्रम छात्रन प्रतिभा के एगो नया मंच प्रदान करेला। कार्यक्रम के अंत में प्रधानाचार्य सब अतिथियन आ अभिभावकन के धन्यवाद कइलें आ कहलें कि अध्यापक आ अभिभावक के साझेदारी से विद्यार्थियन के उन्नति संभव बा। समूचा वातावरण आंनदमय तालियन के आवाज से गूंजयमान हो उठल।

प्रतियोगिता के सकुशल संचालन में विद्यालय परिवार के जुबैर खान (प्राचार्य), श्रीमती अर्चना पाण्डेय (मीडिया प्रभारी), श्री विनोद, श्रीमती निधि पाण्डेय, विजय कुमार श्रीवास्तव, ज्योति जायसवाल, मारिया फातिमा, आरती सेठी, प्रशान्त, नीरजा, मो0 फैज़ल आ आउर शिक्षकन के महत्त्वपूर्ण जोगदान रहल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]