[the_ad_group id="30365"]

महंगाई के मार: दस दिन में 10 रुपया प्रति किलो महंग भइल दाल, रसोई के बजट बिगड़ल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

आए दिन खाद्य सामग्री महंग होत जा रहल बा। एसे गरीब अउरी मध्यम वर्ग के परिवारन के बजट बिगड़ रहल बा। उनके परिवार के भरण-पोषण कइल मुश्किल हो रहल बा। दाल दस दिन में ही दस रुपया प्रति किलो महंग हो गईल बा। उहवें चक्की के आटा 26 रुपये अउरी पैकेट के आटा 28 रुपये किलो पहुंच गइल बा। एसे आमजन के परेशानी ल सामना करे के पड़ रहल बा।

दस दिनों में सब्जियन के दाम में भी वृद्धि भइल बा। दस दिन पहिले परवल 40 रुपये किलो बिकत रहल। अब 60 रुपये किलो हो गइल बा। एही तरे सतपुतिया 20 से 30 रुपया, हरा मिर्च 40 से 60 रुपये प्रति किलो बाजार में मिल रहल बा। एसे गरीब अउरी मध्यमवर्गीय परिवारन के दिक्कत हो रहल बा।

दाम 10 दिन पहिले- अब

अरहर 95 रुपये-105 रुपया
उड़द 90 रुपये -100 रुपया
मसूर 90 रुपये-100 रुपया
मूंग 100 रुपये-120 रुपया
मैदा 26 रुपये-30 रुपया
सूजी 28 रुपये-32 रुपया
नोट-सब दाम प्रति किलो में ह।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]