Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

धमकी दरकिनार कs के पहुंचली पेलोसी… ताइवान के हवाई सीमा में घुसल 21 चीनी लड़ाकू विमान

397

चीन आ अमेरिका के तनातनी के बीचे अमेरिकी संसद के स्पीकर नैंसी पेलोसी (US House Speaker Nancy Pelosi) मंगर रात के ताइवान पहुंच गइली। चीन पेलोसी के ताइवान यात्रा के लेके गंभीर नतीजा भुगतला के धमकी देले रहे। पेलोसी धमकी के नजरअंदाज कs के उहां पहुंचल बाड़ी। चीन ताइवान पs आपन दावा जता रहल बा आ पिछला 25 साल में एह स्वतंत्र द्वीप के यात्रा करे वाली पेलोसी अमेरिका के सबसे बड़ नेता बाड़ी।

नैंसी पेलोसी (Nancy Pelos) के मंगर के ताइपे में उतरला के तुरंत बाद, 21 चीनी सैन्य विमान ताइवान के वायु रक्षा पहचान क्षेत्र (Taiwan Air Defence Identification Zone) के दक्षिण-पश्चिमी हिस्सा में उड़ान भरलस। ताइवान के राष्ट्रीय रक्षा मंत्रालय (Ministry of National Defense) एकर पुष्टि कइले बा।

दौरा के लेके लेकर चीन आ अमेरिका के बीच जबरदस्त तनाव बा। चीन उनकर यात्रा के देखत लक्षित सैन्य अभियान चलावे के योजना बना रहल बा। चीन गंभीर एतराज जतावत कहलस कि 1.4 अरब चीनी नागरिकन से शत्रुता मोल लेला के अंजाम अच्छा ना होई।

रक्षा मंत्रालय ट्विटर पs कहलस, “21 पीएलए विमान (आठ पीएलए जे-11, 10 जे-16, केजे-500 एईडब्ल्यू एंड सी, वाई-9 ईडब्ल्यू और वाई-8 ईएलआईएनटी) दु अगस्त, 2022 के ताइवान के दक्षिण-पश्चिम वायु रक्षा पहचान क्षेत्र में प्रवेश कइलस।” ताइवान के राष्ट्रीय रक्षा मंत्रालय कहलस कि चीन के सैन्य विमानन के जवाब में, ताइवान हवाई गश्ती अभियान सुरू कइले बा। रेडियो चेतावनी भेजल गइल बा आ चीनी सैन्य विमानन के ट्रैक करे खातिर रक्षा मिसाइल प्रणालियन के तैनात कइल गइल बा।

नैंसी पेलोसी के ताइवान दौरा के हिंद-प्रशांत क्षेत्र में चीन के खतरा के सामना करे खातिर अमेरिकी कांग्रेस के प्रतिनिधिमंडल के दौरा के रूप में देखल जा रहल बा। पेलोसी के विमान के ताइपे में उतरला के कुछे मिनट बाद चीनी पीपुल्स लिबरेशन आर्मी (पीएलए) घोषणा कइलस कि ऊ ताइवान के अगरी-कगरी के जलक्षेत्र में छव गो लाइव-फायर सैन्य अभ्यास करी, जवन बियफे से अतवार ले होई। ओने, अमेरिका अपना नीति में कवनो तरे के बदलाव के संकेत नइखे देले।

चीन चेतावनी देलस

चीनी विदेश मंत्रालय कहलस, नैंसी के दौरा अमेरिका से द्विपक्षीय रिश्तन पs गंभीर प्रभाव डाली। एकरा वजह से क्षेत्रीय शांति आ स्थिरता प्रभावित होई। दौरा के जवाब देवे खातिर चीनी सेना लक्षित अभियानन के शृंखला चलाई। ई एगो चीन नीति आ तीन सहमतियन के गंभीर उल्लंघन बा। एकरा से क्षेत्रीय शांति आ स्थायित्व गंभीर रूप से प्रभावित होई।

दुनिया में शांति खातिर अमेरिका सबसे बड़ खतरा: चीन

चीन के विदेश मंत्री वांग यी कहले कि ताइवान मुद्दा पs अमेरिका के धोखेबाजी से ओकर साख दिवालिया हो चुकल बा। अमेरिका दादागीरी कs के एक बेर फेर देखा देले बा कि दुनिया में शांति खातिर ऊ सबसे बड़ खतरा बा।

साभार: अमर उजाला

304680cookie-checkधमकी दरकिनार कs के पहुंचली पेलोसी… ताइवान के हवाई सीमा में घुसल 21 चीनी लड़ाकू विमान

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.