Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

लोकसभा चुनाव के लेके मतदाता सूची के प्रकाशन : 31 हजार 307 नया मतदाता लोगन के जुड़ल नाम, DM राजनितिक दलन के संगे कइलें बैठक

618

गोपालगंज में लोक सभा चुनाव के लेके प्रशासनिक स्तर पs तइयारी जोरन पs चल रहल बा। ओहिजा जिलाधिकारी डॉक्टर नवल किशोर चौधरी तइयारियन के लेके सब राजनैतिक दल के संगे बैठक कइल गइल बा। एह दौरान ऊ भारत निर्वाचन आयोग के निर्देशानुसार वोटर लिस्ट के अंतिम प्रकाशन कs दिहल गइल बा।

सब राजनैतिक दलन से अनुरोध कइल गइल बा कि कवनो व्यक्ति के जदि नाम अगर मतदाता सूची में जुड़े से छुट गइल बा तs फार्म भर के आपन नाम जुड़वा सकत बा। एह काम के लेके बीएलओ के संगे समन्वय स्थापित कs सकत बा।

31307 मतदाता के जुड़ल नाम

जिलाधिकारी डॉक्टर नवल किशोर चौधरी बतवलें की जिला में कुल 18 से 19 वर्ष के नवहा 31307 के नाम मतदाता सूची में जोड़ल गइल बा। एमे 16594 पुरूष, 14712 महिला आ एगो अन्य बा लो। अंतिम प्रकाशन के तिथि के गोपालगंज जिला अंतर्गत कुल 2010612 मतदाता बा लो। जेमें 1020633 पुरूष, 979969 महिला आ 80 अन्य बा लो।

लिंगानुपात पूरा बिहार में 970 बा लो जवन कि सबसे जादे बा। पिछला साल ई 938 था। 28 अक्टूबर से 6 जनवरी के बीच में 120303 फार्म-06 आ 57223 फार्म-07 आउर 50032 फार्म- 08 लिहल गइल बा, जवन कुल मिलाके 2090558 लिहल गइल बा।

हेल्प लाईन नंबर जारी

अइसे मतदाता वोटर हेल्प लाईन एप से अपना नाम के मार्क कs सकत बाड़ें। संगही ऊ लोग बैठक में मवजूद अलग-अलग दलन के प्रतिनिधियन से कहलें कि मतदाता सूची के शुद्ध करे खातिर डोर टू डोर बीएलओ सत्यापन कs  के नियमानुसार कार्रवाई कइले बा लो।

अंतिम प्रकाशित मतदाता सूची आयोग के निदेशानुसार सबका के उपलब्ध करा दिहल गइल बा। ईवीएम के जागरूकता वैन सब विधानसभा में handson खातिर भेजल गइल बा। सबका सहजोग से अधिकतम लोगन के जागरूक कइल जा सकत बा।

718670cookie-checkलोकसभा चुनाव के लेके मतदाता सूची के प्रकाशन : 31 हजार 307 नया मतदाता लोगन के जुड़ल नाम, DM राजनितिक दलन के संगे कइलें बैठक

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.