[the_ad_group id="30365"]

ब्रिटेन के बर्मिंघम में हिंदू मंदिर के बाहर प्रदर्शन, पुलिस कइलस गिरफ्तार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

ब्रिटेन के बर्मिंघम शहर में एगो हिंदू मंदिर के बहरा प्रदर्शन कर रहल एक युवक के गिरफ्तार कइल गइल बा मंदिर के बाहर प्रदर्शन कर रहल युवक आतिशबाजी कइलस। मौका पर पुलिस बल तैनात कs देहल गइल बा।

वेस्ट मिडलैंड्स शहर के स्मेथविक इलाके में स्पॉन लेन के एगो दुर्गा भवन मंदिर के बाहर के एगो वीडियो मंगर के सोशल मीडिया पर वायरल भइल। वीडियो में कुछ नकाबपोश मंदिर में कुछ सामान फेंकत दिखाई देत रहलें। एह मंदिर के मूर्तियन के खांडित कइले के प्रयास कइलस। वेस्ट मिडलैंड्स पुलिस कहलस कि 20 सितंबर के रात स्मेथविक में विरोध प्रदर्शन करे वालन में एक के गिरफ्तार क लेहल गइल बा।

मंदिर के लग्गे पुलिस मौजूद रहल। पुलिस कहलस कि विरोध प्रदर्शन करे वाले अधिकारियन के ओर आतिशबाजी अउरी मिसाइल फेंकलें। एह दौरान केहू घायल नाइ भइल। मौका पर कार के तुड़ल फोड़ल गइल बा। एकर जांच कइल जा रहल बा। मौका से एगो 18 वर्षीय युवक के चाकू के संगे बुध के पूछताछ खातिर हिरासत में लिहल गइल बा। पुलिस पूरा घटनाक्रम पर नजर बनवलें बा।

मुस्लिम समूह हिंदू के यात्रा के खिलाफ देहलस विरोध के बोलावा

कथित तौर पर स्थानीय मुस्लिम समूह के ओर से भारत के एक हिंदू कार्यकर्ता के बर्मिंघम में मंदिर के योजनाबद्ध यात्रा के खिलाफ विरोध के बोलावा देहल गइल रहे। स्थानीय सैंडवेल पुलिस मंगर के ट्वीट करत कहलस कि मंदिर में एगो वक्ता के अइले के संबंध के देखत ई विरोध कइल गइल। लेकिन हमनी के बतावल गइल बा कि कार्यक्रम रद्द कs दिहल गइल बा। मानल जाता कि वक्ता परम शक्ति पीठ के संस्थापक साध्वी ऋतंभरा रहली, जे भारत से ब्रिटेन के यात्रा कइलें रहली। हालांकि, एह तरह के कौनो सुनियोजित बातचीत नाइ होखले के घोषणा के बावजूद विरोध जारी बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]