[the_ad_group id="30365"]

शंकराचार्य यूनिवर्सिटी में कुलपति प्रो.सदानंद शाही कइलें पदभार ग्रहण, बोललें- संस्था के उन्नति खातिर समूह में रह के काम कइल जरूरी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

शंकराचार्य प्रोफेशनल यूनिवर्सिटी, भिलाई के नवनियुक्त कुलपति प्रो.(डॉ.) सदानंद शाही पदभार ग्रहण कइलें। निवर्तमान कुलपति प्रो.(डॉ.) एल.एस.निगम प्रो. शाही के कार्यभार सौंपलें। छत्तीसगढ़ के राज्यपाल अउर इंदिरा गांधी कृषि विश्वविद्यालय के कुलाध्यक्ष अनुसुइया उइके द्वारा बीएचयू वाराणसी के हिंदी विभाग प्रो. (डॉ.) सदानंद शाही के श्री शंकराचार्य प्रोफेशनल यूनिवर्सिटी, भिलाई के कुलपति के दायित्व सौंपल गइल।

उहवें एह अवसर पर प्रो. शाही कहनें कि, संस्था के भितरी पारिवारिक भाव होखल बहुते जरूरी बा। कौनहू संस्था जब उन्नति करेले त ओकरे पीछे समूह के भाव बनल रहल बहुते ज़रूरी बा। एगो बेहतर संस्था के निर्माण तब्बे कइल जा सकsता, जब ओमें सबके आपसी सहमति से निर्णय लिहल जाव। प्रो. शाही कहनें, शंकराचार्य के प्रतिज्ञा ‘विद्या ऊ ह, जौन हमनीं के मुक्त करsला।’ मने जौन विद्या हमनीके भितरी बा ओकरे जरिए ज्ञान के रौशनी फइलावल जाव अउर सांसारिक बंधन से मुक्त रखल जाव। एही के हमनीके मिल के साकार करे के बा। ऊ आगे कहनें कि हमार पूरा कोशिश रही कि पहिले के कुलपति द्वारा कइल गइल काम के आगे ले के जाईं, सथही संस्थान के बेहतरी खातिर निरतंर काम करीं।

एह अवसर पर श्री शंकराचार्य यूनिवर्सिटी के निवर्तमान कुलपति प्रो. एल.एस. निगम कहनें कि, हर आदमी के ‘अप्प दीपो भवो’ यानी आपन दीपक अपनिये के बने के चाहीं, अउर अपने ज्ञान के क्षेत्र के आगे बढ़ावे के चाहीं, तब्बे शिक्षा जगत में शैक्षिक क्रांति हो सकsता। एह अवसर पर यूनिवर्सिटी के प्रेसिडेंट जया मिश्रा प्रो. शाही के स्वागत करत कहलीं कि, गुरुअन से हमेशा सीखत रहे के चाहीं। प्रो. शाही के शिक्षा के क्षेत्र में बहुत बड़ योगदान बा अउर ऊ श्री शंकारचार्य यूनिवर्सिटी के उच्चतम मुकाम ले ले जइहें, अइसन हमार विश्वास बा। उनके छत्तीसगढ़ अइले से शिक्षा जगत में हर्ष के माहौल बा।

एह अवसर पs कुलसचिव पी. के. मिश्रा प्रो. शाही के हिंदी जगत में कइल गइल योगदान के रेखांकित कइलस, सथही उपकुलसचिव विनय पिताम्बरम धन्यवाद ज्ञापन देत कहनें कि, प्रो. शाही के अइले से विश्विद्यालय के प्रगति अउर समृद्धि भइल बा। पदभार ग्रहण कइले के अवसर पs विश्विद्यालय के सब प्रशासनिक अधिकारियन, विभागाध्यक्ष लोग, सहायक प्राध्यापक लोग अउर सब कर्मचारी लोग के गरिमामयी उपस्थिति रहल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]