[the_ad_group id="30365"]

Vikram Gokhale: दिग्गज अभिनेता विक्रम गोखले के 82 साल के उम्र में निधन, पुणे के एगो अस्पताल में रहलें भरती

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

फिलिम, टेलीविजन आ रंगमंच के वरिष्ठ अभिनेता विक्रम गोखले के 82 साल के उमिर में निधन हो गइल बा। ऊ पुणे के एगो अस्पताल में आखिरी सांस लेहलें। उनकर तबीयत बिगड़ला के बाद अस्पताल में भर्ती करावल गइल रहे।

आजु सनीचर के उन के निधन के खबर आइल। डॉक्टर लोग बतावल, गोखले के कुछ दिन पहिले दीनानाथ मंगेशकर अस्पताल में भर्ती करावल गइल रहे। एकरे पहिले बुधो के उनके निधन के खबर आइल रहे लेकिन उनकर बेटी ओ अफवाह के खंडन कइले रहली।

गोखले कइयन गो मराठी आ हिंदी फिलिमन में कइले रहलें अभिनय

विक्रम गोखले कइयन गो मराठी आ हिंदी फिल्मन में अभिनय कइले रहस। उनका फिलिमन में 1990 के अमिताभ बच्चन अभिनीत ‘अग्निपथ’ आ 1999 में सलमान खान आउर ऐश्वर्या राय बच्चन अभिनीत ‘हम दिल दे चुके सनम’ सामिल बा।

26 साल के उमिर में विक्रम गोखले कइले रहनें डेब्यू

विक्रम गोखले 26 साल के उमिर में अभिनय के क्षेत्र में पहिला डेग रखले रहस। 1971 में ऊ अपना करियर के सुरुआत कइले रहस। उनकर पहिला फिलिम अमिताभ बच्चन के साथे रहे, जवना के नाम रहे परवान।

विक्रम गोखले के 2013 में मिलल रहे बेस्ट एक्टर के अवॉर्ड

विक्रम गोखले के 2013 में मराठी फिलिम, अनुमती में सानदार अभिनय खातिर बेस्ट एक्टर के अवॉर्ड मिलल रहे। गोखले एक्टर चंद्रकांत गोखले के बेटा रहस।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]