[the_ad_group id="30365"]

सीवान जंक्शन के प्लेटफॉर्म संख्या एक पs हाई-स्पीड ट्रैक लगावे के प्रक्रिया सुरू: 1 से 18 फरवरी तक ट्रेनन के आवाजाही पs रोक

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सीवान रेलवे स्टेशन के प्लेटफार्म संख्या एक पs रेल लाइन बदले के काम सुरू हो चुकल बा। प्लेटफार्म संख्या एक से 18 फरवरी तक ट्रेनन के आवाजाही पs रोक लगा दिहल गइल बा। 18 फरवरी तक प्लेटफार्म संख्या एक पूरा तरे से ब्लॉक रही। ओहिजा प्लेटफार्म संख्या दु आ तीन से ट्रेन के परिचालन चालू बा।

रेल लाइन पुरान होखे से कइल जा रहल बा मरम्मत

सीवान रेलवे स्टेशन अधीक्षक आरके वर्मा बतवलें कि प्लेटफार्म संख्या एक के रेल लाइन बहुते पुरान रहे। एह लाइन के पुरान तकनीक के प्रयोग कs के बनावल गइल रहे। अब नया तकनीक के प्रयोग कs के हाई स्पीड ट्रैक लगावल जा रहल बा। पूर्वोत्तर रेलवे कावर से नवीकरणीय के काम करावल जा रहल बा।

अमृत स्टेशन योजना के तहत रेलवे स्टेशन पs रेल ट्रैक बदले के काम कइल जा रहल बा। जवना के तहत स्टेशन पs आउरियो कइयन गो सौंदर्यकरण के काम करावल जा रहल बा। एकरे तहत ट्रैक बदलहूं के काम करावल जा रहल बा। स्टेशन अधीक्षक आगे बतवलें कि 18 फरवरी तक काम के पूरा कs लेवे के लक्ष्य रखल गइल बा। ट्रैक बदले के काम 18 फरवरी तक पुरा कs लिहल जाई।

प्लेटफार्म संख्या एक पs रेल लाइन ब्लॉक होखला के बाद प्लेटफार्म संख्या दु आ तीन से अप आ डाउन ट्रेन के परिचालन हो रहल बा। ओहिजा प्लेटफार्म संख्या चार से थावे के तरफ जाए वाली ट्रेनन के परिचालन हो रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]