[the_ad_group id="30365"]

मशरक जंक्शन बनल अमृत स्टेशन, वरिष्ठ मंडल रेल इंजीनियर कइलें निरीक्षण, देलें दिसा-निरदेस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मशरक (सारण)/मशरक न्यूज बिहार। महाराजगंज लोकसभा क्षेत्र के मशरक जंक्शन के अमृत योजना में सामिल कइल गइला के बाद वाराणसी मंडल के वरिष्ठ रेल इंजीनियर सत्यम कुमार सिंह निरीक्षण कइलें।

वरिष्ठ मंडल रेल इंजीनियर सत्यम कुमार सिंह ने मशरक जंक्शन के सौंदर्यीकरण करे के संदर्भ में वरीय आ कनीय इंजीनियर आ संवेदक के कइयन दिसा-निरदेस दिया। जानकारी होखे कि भाजपा सांसद जनार्दन सिंह सिग्रीवाल के अथक प्रयास के बाद महाराजगंज लोकसभा क्षेत्र के अंतर्गत पूर्वोतर रेलवे के प्रमुख स्टेशन मशरक जंक्शन अमृत भारत योजना में सामिल कs लिहल गइल बा। जवना के बाद अब धरातल पs मशरक जंक्शन विकसित होखे लागल बा।

अमृत भारत स्टेशन योजना के तहत मशरक जंक्शन के विकसित करे खातिर हो रहल काम अब लउके लागल बा। रेल मंत्रालय कावर से मशरक जंक्शन पs अमृत भारत स्टेशन योजना प्रधानमंत्री के रेल यात्रियन के जादे से जादे आधुनिक जन सुविधा प्रदान करे के एगो बहुत बड़ महत्वाकांक्षी योजना बा। अब मशरक जंक्शन के बढ़िया तरे से विकास होई। जन सुविधा खातिर कइयन तरे के विकास काम करावल जाई।

 

मौके पर सहायक रेल ईंजिनियर जीबी सिंह, आइओडब्ल्यू सिधवलिया तथा मशरक के डीलू ओझा सहित कई वरिय व कनिय ईंजिनियर एवं संवेदक मौजूद रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]