Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

ना नीक लागल प्रियंका के आचार्य प्रमोद कृष्णम के ‘सलाह’

पहिले कांग्रेसी लोग के 'चुप' करवली, फेर अपना के सभका सोझा एगो "क्लास" सेट क दिहली

154

हाल ही में राजस्थान के उदयपुर में कांग्रेस के चिंता शिविर के आयोजन भईल रहे, जवना में पार्टी के प्रमुख नेता भाग लेले रहले। एह चिंतन शिविर में कांग्रेस सांसद राहुल गांधी के पार्टी के अध्यक्ष बनावे के मांग एक बेर फेर जोर पs रहल| पार्टी के बहुत नेता राहुल गांधी के अध्यक्ष बनावे खाती पैरवी कईले। एही बीच आचार्य प्रमोद कृष्णम एगो ‘सुझाव’ दिहली जवन पार्टी के महासचिव प्रियंका गांधी के संगे बढ़िया से चलल अवुरी गुस्सा में उ दीपेंदर हुड्डा के इशारा करत कृष्णम के चुप करा दिहली।

मल्लिकार्जुन खडगे आचार्य प्रमोद कृष्णम से भी कहले कि कनिष्ठ सदस्य से अयीसन बोले के उम्मीद नईखे। बाद में वाड्रा कई सदस्यन के सोझा कृष्णम के फटकार लगवली। प्रियंका खिसिया के आरोप लगवली कि उ अपना राजनीतिक ‘सलाहकार’ निहन व्यवहार करतारे, जबकि उनुका के अयीसन कवनो अधिकार केहु नईखे देले। असल में प्रमोद कृष्णम कहले रहले कि जदी राहुल गांधी पार्टी के अध्यक्ष ना बनल चाहतारे त फेर प्रियंका गांधी के इ जिम्मेवारी काहें नईखे दिहल जात। उदयपुर के बैठक में जी-23 के सदस्य अधिकांश मौका प चुप्पी बनल रहले।

चिंतन शिविर के लेके राजनीतिक गलियारा में भी हलचल मच गईल। उदयपुर में कांग्रेस के तीन दिन के चिंता शिविर में संगठन के मजबूत करे खाती कई गो मुद्दा प चर्चा भईल। हालांकि ए शिविर में बहुत नेता, कांग्रेस शासित प्रदेश मंत्री, पीसीसी के कार्याध्यक्ष अवुरी राष्ट्रीय प्रवक्ता के ना बोलावे के चर्चा भी जोर-जोर से चलत रहे। हार्दिक पटेल के एह चिंता शिविर में शामिल होखे खातिर बोलावल गईल रहे लेकिन उ उदयपुर ना पहुंचले अउरी ओकरा बाद उ पार्टी के प्राथमिक सदस्यता से भी इस्तीफा दे देले।

255610cookie-checkना नीक लागल प्रियंका के आचार्य प्रमोद कृष्णम के ‘सलाह’

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.