[the_ad_group id="30365"]

आंगनबाड़ी केंद्र में प्रियंका चोपड़ा लइकन से कइली बतकही, पोषण आहार के लेहली जानकारी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

फिल्म अभिनेत्री अउर यूनिसेफ के गुडविल एंबेसडर प्रियंका चोपड़ा दू दिन खातिर लखनऊ में बाड़ी। एह दौरान ऊ कई सामाजिक कार्यक्रम में हिस्सेदारी करी। सोमार के सुबह ऊ निगोहां के लालपुर गांव स्थित आंगनबाड़ी केंद्र पहुंचल अउर बचवन के पोषण आहार के बारे में जानकारी लेहली।
ऊ गांव के आरती से बात कइली अउर पूछली कि बचवन के पोषण आहार के रूप में का खियावेली? आंगनबाड़ी केंद्र में बचवन के वजन अउर लंबाई भी नापल गइल। एकरे खातिर 11 लइके आइल रहनें।

 उहवें, केंद्र के बाहर प्रियंका के एक झलक पवले खातिर ग्रामीणन के भीड़ लागल बा।

एहके पहिले प्रियंका चोपड़ा बिजनौर रोड स्थित औरंगाबाद के प्राथमिक विद्यालय गइलीं अउर स्कूली गतिविधियन में शामिल भइल। ऊ बचवन से बात कइल अउर खानपान के जानकारी लिहली।

Pics of Priyanka Chopra in a Anganbadi Kendra in Nigoha.

प्रियंका चोपड़ा बचवन से शिक्षा अउर उनके पोषण आहार के बारे में जानकारी लिहली।

Pics of Priyanka Chopra in a Anganbadi Kendra in Nigoha.
प्रियंका चोपड़ा के कार्यक्रम में मौजूद ग्रामीण महिला अउर बच्चे भी उनसे मिल के काफी खुश भइलें।
Pics of Priyanka Chopra in a Anganbadi Kendra in Nigoha.

 

प्रियंका के 2016 में ‘ग्लोबल यूनिसेफ गुडविल एंबेसडर’ के रूप में नियुक्त कइल गइल। ऊ बचवन के अधिकारन अउर लड़कियन के शिक्षा के बढ़ावा देवे के मीडिया पैनल चर्चा में भी भाग लेत रहेली।
Pics of Priyanka Chopra in a Anganbadi Kendra in Nigoha.
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]