[the_ad_group id="30365"]

दिल्ली: 9 नवंबर से खुली दिल्ली में सरकारी स्कूल, निजी तोड़फोड़ अउर निर्माण कार्य पर लागल रही रोक

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिल्ली के पर्यावरण मंत्री गोपाल राय एलान कइले बानें कि 9 नवंबर से प्राइमरी स्कूल खोलल जाई अउर ओकरे ऊपर के कक्षा में ओपन एक्टिविटी पर लागल प्रतिबंध भी हटावल जा रहल बा। उहवें, निजी तोड़फोड़ अउर निर्माण कार्य पर रोक लागल रही। बीएस-3 पट्रोल अउर BS-4 डीजल के गाड़ियन पर बैन जारी रही।

दिल्ली पर्यावरण मंत्री गोपाल राय कहलें कि पिछले दू दिन से दिल्ली के अंदर प्रदूषण में तेजी के साथ सुधार देखल जा रहल बा। दिल्ली में लागल फेज 4 के प्रतिबंध हटावल जा रहल बा। ट्रक के प्रवेश पर लागल रोक हटा देहल गइल बा।

मंत्री गोपाल राय कहलें कि वर्क फ्रॉम होम के निर्देशों में संशोधन करत आज से कार्यालयन में पूरा क्षमता से काम कइल जा रहल बा। हाईवे, सड़क, फ्लाईओवर, ओवरब्रिज, पाइपलाइन से संबंधित निर्माण कार्य पर लागल रोक हटावल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]