Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

दिल्ली: 9 नवंबर से खुली दिल्ली में सरकारी स्कूल, निजी तोड़फोड़ अउर निर्माण कार्य पर लागल रही रोक

1,076

दिल्ली के पर्यावरण मंत्री गोपाल राय एलान कइले बानें कि 9 नवंबर से प्राइमरी स्कूल खोलल जाई अउर ओकरे ऊपर के कक्षा में ओपन एक्टिविटी पर लागल प्रतिबंध भी हटावल जा रहल बा। उहवें, निजी तोड़फोड़ अउर निर्माण कार्य पर रोक लागल रही। बीएस-3 पट्रोल अउर BS-4 डीजल के गाड़ियन पर बैन जारी रही।

दिल्ली पर्यावरण मंत्री गोपाल राय कहलें कि पिछले दू दिन से दिल्ली के अंदर प्रदूषण में तेजी के साथ सुधार देखल जा रहल बा। दिल्ली में लागल फेज 4 के प्रतिबंध हटावल जा रहल बा। ट्रक के प्रवेश पर लागल रोक हटा देहल गइल बा।

मंत्री गोपाल राय कहलें कि वर्क फ्रॉम होम के निर्देशों में संशोधन करत आज से कार्यालयन में पूरा क्षमता से काम कइल जा रहल बा। हाईवे, सड़क, फ्लाईओवर, ओवरब्रिज, पाइपलाइन से संबंधित निर्माण कार्य पर लागल रोक हटावल गइल बा।

373180cookie-checkदिल्ली: 9 नवंबर से खुली दिल्ली में सरकारी स्कूल, निजी तोड़फोड़ अउर निर्माण कार्य पर लागल रही रोक

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.