[the_ad_group id="30365"]

नेपाल सीमा पर सुरक्षा ‘कवच’ तैयार करी पुलिस, हर गांव में 10 लोग के तैयार कइल गइल टीम

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नेपाल बॉर्डर के गतिविधियन पर नजर रखे खातिर ग्राम सुरक्षा समितियन के साथही आम नागरिकन के भी मदद लीहल जाई। प्रदेश सरकार के आदेश पर पुलिस नेपाल से सटल सात जिला में ग्राम सुरक्षा समितियन के गठन कs चुकल बा।

अब एडीजी पुलिस अफसर लोग के साथ बैठक कs के आम लोग के मदद मांगे के रणनीति तैयार कइले बा। हर गांव में 10 लोग के टोली तैयार कइल गइल बा, जे हर गलत गतिविधि के जानकारी पुलिस ले पहुंचहिएं। पुलिस उनसे संपर्क में रही।

जानकारी के मुताबिक, एडीजी जोन गोरखपुर अखिल कुमार एके कवच नाम दिहले बानें। एकरे तहत पुलिस काम करी। दरअसल, एडीजी जोन के एकर नोडल अधिकारी बनावल गइल बा। ग्राम सुरक्षा समिति में भूतपूर्व सैनिक चाहे सेवानिवृत्त सरकारी कर्मचारी के एह समिति के अध्यक्ष बनावल गइल बा।

उत्तर प्रदेश के महराजगंज, सिद्धार्थनगर, बलरामपुर, श्रावस्ती, बहराइच, लखीमपुर खीरी अउर पीलीभीत जिला से नेपाल के 570 किलोमीटर सीमा लागल बा। दूनों देश में आवे जाने खातिर सोनौली, खूंनवा, रुपईडीहा के अलावा 300 से ढ़ेर पगडंडी बा जेसे हो के लोग आवत जात रहेने।

एह रास्ता से देश विरोधी गतिविधियन में लिप्त लोग के घुसपैठ करे अउर तस्करी के संभावना बनल रहsला। एके देखत ग्राम सुरक्षा समिति अउर अब आम लोग के मदद लीहल जा रहल बा। हर छोट बड़ आपराधिक घटना के जानकारी देहल इनकर जिम्मेदारी होई।

अइसन जानकारी दीहें लोग

  • गांव में कौनहू बाहरी व्यक्ति के अइले के सूचना।
  • गांव में केहू के द्वारा कौनो आपराधिक काम करे के सूचना।
  • मादक पदार्थ के आवाजाही के सूचना।
  • देश विरोधी गतिविधि में केहू के भी संलिप्तता के सूचना।

एह जिला में गठित कइल गइल बा समिति

अभियान के पहिले चरण में ग्राम सुरक्षा समिति गठित कइल गइल बा। एकरे तहत महराजगंज में 219, सिद्धार्थनगर में 443, बलरामपुर में 24, श्रावस्ती में 115, बहराइच में 85, खीरी में 77, पीलीभीत में 17 समिति गठित हो चुकल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]