[the_ad_group id="30365"]

Stock Market: कंपनियन द्वारा पिछिला साल दिहल गइल एक करोड़ नौकरी, प्रति कर्मचारी 7 लाख रुपिया रहल औसत सालाना वेतन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पिछला वित्त वर्ष माने 2021-22 में शेयर बाजार में सूचीबद्ध कंपनियन द्धारा एक करोड़ लोगन के नौकरी दिहल गइल बा। एकर प्रति कर्मचारी सालाना औसत वेतन सात लाख रहल। सेंटर फॉर मॉनिटरिंग इंडियन इकनॉमी (सीएमआईई) बियफे के कहलस कि ई सूचीबद्ध, गैर-सूचीबद्ध, बड़ आ छोट उद्यमन द्वारा सब वेतनभोगी कर्मचारियन के दिहल जाये वाला औसत वेतन लगभग 3,00,000 रुपये से दुगुना जादे बा।

उ 3,300 सूचीबद्ध कंपनियन के एगो सर्वेक्षण में ई बात कहले बा। सीएमआईई के अनुसार, 2019-20 में 8.7 करोड़ वेतनभोगी रहे लो, जवन 2021-22 में आंशिक रूप से घटके 8.1 करोड़ हो गइल। कोरोना महामारी के कारण 2020-21 में ई संख्या घटकके 7.4 करोड़ रह गइल रहे। सूचीबद्ध कंपनियन में कोरोना के दौरान रोजगार में कवनो तरे के गिरावट ना देखल गइल रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]