Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

खेलो इंडिया यूनिवर्सिटी गेम्स के मेजबानी करी गोरखपुर: रामगढ़ताल इस्थित वाटर स्पोर्ट्स में होई रोइंग प्रतियोगिता के होई आयोजन

477

खूबसूरत पर्यटन केंद्र के रूप में देशभर में ख्याति बटोर रहल गोरखपुर के रामगढ़ताल अब वॉटर स्पोर्ट्स (जल क्रीड़ा) के बड़ केंद्र बनी। नया साल में खेलो इंडिया यूनिवर्सिटी गेम्स के मेजबानी करे जा रहल उत्तर प्रदेश में वाटर स्पोर्ट्स से जुड़ल रोइंग प्रतियोगिता एही ताल में करावल जाई।

इहां देशभर के यूनिवर्सिटी में पढ़े वाला खिलाड़ी ना खाली अपना खेल प्रतिभा के प्रदर्शन करी लोग, बलुक एह ताल के खूबसूरती से जुड़ल आपन अनुभव अपना अपना क्षेत्रो में साझा कs के एकर ब्रांडिंग में भागीदार बनी लोग। इहे ना मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के मंशा के अनुरूप जल आधारित पेशा से जुड़ल नाविकन खातिर इहां नौका दौड़ प्रतियोगितो के कार्ययोजना बनावल जा रहल बा।

1700 एकड़ में फइलल बा रामगढ़ताल

दरअसल, 1700 एकड़ में फइलल नैसर्गिक रामगढ़ताल कबो पूरा तरह उपेक्षित आ गंदगी के पर्याय बनल रहे। 2017 में मुख्यमंत्री बनला के बाद योगी आदित्यनाथ एकर कायाकल्प कsके पूर्वी उत्तर प्रदेश खातिर एकरा के बड़ पर्यटन केंद्र बना देले बाड़ें। ताल क्षेत्र में वाटर स्पोर्ट्स के असीम संभावना के देखत मुख्यमंत्री इहां प्रदेश के सार्वजनिक क्षेत्र के पहिला वाटर स्पोर्ट्स काम्प्लेक्स के सौगात देले रहस।

45 करोड़ में बनल बा वाटर स्पोर्ट्स कॉम्प्लेक्स

करीब 45 करोड़ रुपिया के लागत से बनल वाटर स्पोर्ट्स कॉम्प्लेक्स के उद्घाटन मुख्यमंत्री 30 दिसंबर 2021 के कर चुकल बाड़ें। ताल से बिलकुल सटल होखला के कारण इहां अलग-अलग प्रकार के बोटिंग, वाटर बाइकिंग, स्कीइंग आदि के सुविधो विकसित कइल गइल बा।

अब इहां गोवा जइसन वाटर एडवेंचर स्पोर्ट्स के आयोजन के प्लेटफार्म तइयार हो चुकल बा। आवे वाला समय मे इहां जल क्रीड़ा के राष्ट्रीय-अंतरराष्ट्रीय स्तर के अलग-अलग प्रतियोगिता लोगन के आयोजन होई।

गोरखपुर में होई खेलो इंडिया यूनिवर्सिटी गेम्स

जल क्रीड़ा प्रतियोगिता के सुरुआत नाविकन में खातिर नौका दौड़ आ खेलो इंडिया यूनिवर्सिटी गेम्स के अंतर्गत रोइंग प्रतियोगिता से होखे जा रहल बा। खेलो इंडिया यूनिवर्सिटी गेम्स के मेजबानी उत्तर प्रदेश के मिलल बा। आयोजन समिति एकरा अंतर्गत रोइंग प्रतियोगिता गोरखपुर में करावल गइला के लेके मुहर लगा दिहल गइल बा।

नाविकन खातिर होई नौका दौड़

4 दिसंबर के महंत अवेद्यनाथ स्मृति अखिल भारतीय प्राइजमनी कबड्डी प्रतियोगिता के समापन समारोह में मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के मवजूदगी में प्रदेश के अपर मुख्य सचिव (खेल) नवनीत सहगल घोषणा कइलस गेम्स के रोइंग प्रतियोगिता रामगढ़ताल में करावल जाई।

एही समारोह में मुख्यमंत्री द्वारा जल आधारित पेशन से जुड़ल लोगन के खेलन से जोड़े के मुख्यमंत्री के अपील पर अपर मुख्य सचिव बतवले रहस कि जनवरी-फरवरी में नाविकन खातिर नौका दौड़ प्रतियोगिता एही क्षेत्र में करावल जाई। मानल जा रहल बा अइसन प्रतियोगिता खातिर रामगढ़ताल सर्वश्रेष्ठ विकल्प होई।

बोटिंग आ कयाकिंगो के बा सुविधा

रामगढ़ताल में अलग-अलग प्रकार के नावन से बोटिंग आ कयाकिंग के सुविधा गोरखपुर विकास प्राधिकरण (GDA) पहिलही से देके रखले बा। बड़ संख्या में लोग इहां नौकायन के लुत्फ उठावेला। प्रस्तावित प्रतियोगितन से जल्दिये इ ताल वाटर स्पोर्ट्स के गतिविधियन खातिर राष्ट्रीय फलक पर पहचान बना ली।

साभार: दैनिक भास्कर

405010cookie-checkखेलो इंडिया यूनिवर्सिटी गेम्स के मेजबानी करी गोरखपुर: रामगढ़ताल इस्थित वाटर स्पोर्ट्स में होई रोइंग प्रतियोगिता के होई आयोजन

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.